Iran Israel Conflict : ईरान इजरायल के ‘लिटिल इंडिया’ पs बरसवलस बम, परमाणु ठिकाना बनल निशाना, 100 से जादे लोग घायल

Share

नई दिल्ली। इजरायल के डिमोना शहर, जहां रंग-बिरंगा कपड़ा, जलेबी-चाट के खुसबू आ बॉलीवुड के असर देखे के मिलेला, अब हमला के शिकार हो गइल बा। एह शहर में भारतीय मूल के लोग रहेला आ ई इजरायल के परमाणु ठिकाना से करीब 20 किमी दूर बा। अब ईरान एह शहर के निशाना बनवले बा।

सनिचर के डिमोना में भइल हमला में 100 से जादे लोग घायल हो गइल। एह हमला से दक्षिणी इजरायल के एह शहर के बड़ हिस्सा मलबा में बदल गइल बा। ई हमला, कुछ घंटा पहिले ईरान के नतान्ज परमाणु केंद्र पs भइल कार्रवाई के जवाब मानल जा रहल बा।

इमारत ढहल 

न्यूज एजेंसी के मोताबिक मिसाइल के सीधा हमला से रिहायशी बिल्डिंग के अगिला हिस्सा गिर गइल आ जमीन में गहिराह गड़हा बन गइल। अधिकारी बतवलें कि इजरायल के एयर डिफेंस सिस्टम मिसाइल रोके के कोसिस कइलस, बाकिर ऊ सफल ना हो सकल। एही कारण भारी वारहेड वाला बैलिस्टिक मिसाइल सीधा शहर में गिरल।

100 से जादे लोग घायल

अराद शहर में 84 लोग घायल भइल बा, जवना में 10 के हालत गंभीर बा। डिमोना में 33 लोग घायल भइल बा। कुल मिलाके 100 से जादे लोग घायल बा। अंतरराष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी (IAEA) बतवलस कि अभी तक परमाणु केंद्र से कवनो नुकसान भा रेडिएशन लीक के खबर नइखे।

डिमोना में बसल बा भारतीय-यहूदी समाज

डिमोना के “लिटिल इंडिया” कहल जाला। एहिजा करीब 7,500 लोगन के भारतीय-यहूदी समुदाय बसल बा, जवन शहर के कुल आबादी के करीब 30 प्रतिशत ह। एहिजा लोग मराठी आ कुछ हिंदी बोलेला, क्रिकेट के शौकीन बा आ दुकानन पs सोनपापड़ी, गुलाब जामुन, पापड़ी चाट आ भेलपूरी जइसन भारतीय नाश्ता मिलेला।

तेल अवीव में भारतीय दूतावास के मोताबिक, भारत से इजरायल में एह लोगन के बसावट 1950-60 के दशक में भइल रहे। जादेतर लोग महाराष्ट्र (बेने इजरायली) से आइल बा, जबकि केरल आ कोलकाता से कुछ लोग गइल रहे। हाल के साल में मिजोरम आ मणिपुर के कुछ भारतीय यहूदी इजरायल में बस रहल बा लोग।

Read Also: Weather Update : दिल्ली-एनसीआर में साफ भइल मौसम, यूपी-बिहार में आंधी-पानी से 8 लोगन के मौत, फसल के भारी नुकसान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-