Weather Update : दिल्ली-एनसीआर में साफ भइल मौसम, यूपी-बिहार में आंधी-पानी से 8 लोगन के मौत, फसल के भारी नुकसान

By Shweta Supriya

Published on: Mar 22, 2026

नई दिल्ली। देस भर में मौसम के अचानक बदलल रूप कहीं राहत देले बा तs कहीं भारी तबाही मचा देले बा। पश्चिमी विक्षोभ के चलते दिल्ली-एनसीआर में भइल बरखा से तापमान गिर गइल बा आ

Share

नई दिल्ली। देस भर में मौसम के अचानक बदलल रूप कहीं राहत देले बा तs कहीं भारी तबाही मचा देले बा। पश्चिमी विक्षोभ के चलते दिल्ली-एनसीआर में भइल बरखा से तापमान गिर गइल बा आ लोगन के गरमी से राहत मिलल बा। बाकिर बिहार आ यूपी में ई आंधी-पानी आफत बन के टूटल बा, जहां तेज हवा, बरखा आ बिजली गिरला से भारी नुकसान भइल बा।

पिछिला 24 घंटा में बिहार में बिजली गिरला से 6 लोगन के जान चल गइल, जबकि यूपी में 2 लोग के मौत हो गइल। बेमौसम बरखा, ओलावृष्टि आ तेज हवा के चलते गेंहू, सरसो, मक्का जइसन फसलन के भारी नुकसान पहुंचल बा।

दिल्ली-एनसीआर के मौसम

दिल्ली-एनसीआर में हाल के बरखा से तापमान में गिरावट आइल बा आ प्रदूषण से राहत मिलल बा। पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय रहला के चलते बादल आ-जा रहल बा। 23 मार्च के फेर हलुका बरखा होखे के संभावना बा।

बिहार में आंधी-पानी के असर

बिहार में दू दिन से लगातार आंधी आ तेज बरखा हो रहल बा। तेज हवा आ ओलावृष्टि से कइयन जिलन में फसलन के भारी नुकसान भइल बा। बिजली गिरला से 6 लोगन के मौत हो गइल बा आ करीब 10 लोग घायल हो गइल बा। पटना सहित कइयन इलाकन में अगिला 24 घंटा में हलका बारिश आ बादल छाइल रहला के संभावना बा। अररिया, किशनगंज, मधुबनी, शिवहर, सीतामढ़ी आ सुपौल में 40-60 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से हवा चले के चेतावनी जारी भइल बा।

यूपी में बरसात के दौर

पश्चिमी विक्षोभ के असर यूपी में साफ देखे के मिल रहल बा। तेज हवा, गरज-चमक आ बरखा के दौर जारी बा। 22 मार्च तक मौसम अइसही बनल रहला के संभावना बा आ तापमान सामान्य से नीचे रह सकेला। बरेली, मुरादाबाद, रामपुर आ अमरोहा में सांझ के तेज हवा के संगे बरखा हो सकेला।

बाकी राज्यन के हाल

कइयन गो राज्यन में तापमान गिरला से ठंड के अहसास हो रहल बा, जबकि मध्य प्रदेश में गरमी के असर जारी बा। पहाड़ी इलाका जइसन जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में ताजा पश्चिमी विक्षोभ के चलते हलुक बर्फबारी आ बरखा के संभावना बा।

गरमी से राहत

तापमान घटला से लोगन के गरमी से राहत मिलल बा। सबसे खास बात ई बा कि अगिला एक हफ्ता तक देस में कहियो हीटवेव के संभावना नइखे, माने मार्च में भीषण गरमी पड़े के आसार कम बा। हs, केरल, तटीय कर्नाटक आ गोवा में उमस वाला मौसम बनल रह सकेला।

Read Also: iPhone 17 Pro पs मिल रहल बा जबरदस्त छूट, किने से पहिले जरूर देखीं ई डील

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.