स्पोर्ट्स डेस्क। आईपीएल 2026 के 19वां सीजन के सुरुआत 28 मार्च से होखे जा रहल बा। पहिला मुकाबला रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) आ सनराइजर्स हैदराबाद के बीच खेलल जाई। एह लीग के इतिहास में कइयन गो अइसन खिलाड़ी बा लोग, जे बहुते मैच खेलले बा, बाकिर आज तक एको बेर ट्रॉफी ना जीत सकल जावs। आईं जानल जावs अइसन खिलाड़ियन के बारे में।
एबी डिविलियर्स: एबी डिविलियर्स आईपीएल में 184 मैच खेलले बाड़ें। ऊ दिल्ली आ आरसीबी खातिर खेललें, बाकिर ऊ कबो चैंपियन टीम के हिस्सा ना बन सकलें।
संजू सैमसन: संजू सैमसन 177 मैच खेल चुकल बाड़ें। आईपीएल 2026 में ऊ चेन्नई सुपर किंग्स से खेलिहें, बाकिर अभी तक ऊ एको बेर फाइनल जीत नइखन सकल।
युजवेंद्र चहल: चहल 174 मैच खेलले बाड़ें। ऊ 2025 में पंजाब किंग्स से फाइनल तक पहुंचल रहस, बाकिर खिताब ना जीत सकलें।
अमित मिश्रा: तीन हैट्रिक लेवे वाला अमित मिश्रा 162 मैच खेलले बाड़ें, बाकिर अभी तक ऊ चैंपियन टीम में सामिल नइखन हो सकल।
अक्षर पटेल: अक्षर पटेल 162 मैच खेलले बाड़ें। ऊ दिल्ली कैपिटल्स के कप्तानी कइलें, बाकिर फाइनल जीत ना सकलें।
केएल राहुल: केएल राहुल 145 मैच खेल चुकल बाड़ें, बाकिर अभी तक कबो आईपीएल ट्रॉफी ना जीत सकलें।
क्रिस गेल: क्रिस गेल 142 मैच खेलले बाड़ें। कइयन गो रिकॉर्ड होखला के बादो ऊ कबो चैंपियन टीम के हिस्सा ना बन सकलें।
ग्लेन मैक्सवेल: मैक्सवेल 141 मैच खेलले बाड़ें। ऊ मैच पलटे के काबिलियत रखलें, बाकिर फाइनल जीत से दूर बाड़ें।
संदीप शर्मा: संदीप शर्मा 137 मैच खेलले बाड़ें आ 146 विकेट लेले बाड़ें, बाकिर ट्रॉफी अभी तक नइखन जीत सकल।
ऋषभ पंत: ऋषभ पंत 125 मैच खेलले बाड़ें। ऊ आईपीएल इतिहास के सबसे महंगा खिलाड़ी बाड़ें, जे 2025 में लखनऊ सुपर जायंट्स 27 करोड़ में किनले रहस, बाकिर अभी तक फाइनल जीत नइखन सकल।
Read Also: UP News : बिजली संकट के चलते नियम बदलल, ट्रांसफार्मर जरला पs अभियंता से होई वसूली









