IPL 2025: स्टार्क आ फरेरा आईपीएल 2025 से बाहर, मुंबई से जुड़लें विल जैक्स; मुस्तफिजुर के मिलल खेले के मंजूरी

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: दिल्ली कैपिटल्स के तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क आ डोनोवान फरेरा आईपीएल 2025 के बाकी मुकाबलन खातिर भारत ना आई लो, जबकि इंग्लैंड के ऑलराउंडर लीग चरण के दु मैचन खातिर मुंबई इंडियंस से जुड़ गइल बाड़ें। स्टार्क आ दक्षिण अफ्रीका के बल्लेबाज फरेरा दिल्ली कैपिटल्स के टीम प्रबंधन के अपना फैसला के बारे में बता देले बा लो। स्टार्क के बाहर होखल दिल्ली खातिर झटका बा काहेकि ऊ एह सीजन 11 मैचन में 14 विकेट लेले रहस।

प्लेऑफ खातिर उपलब्ध ना होइहें स्टब्स

फरेरा एह सीजन दिल्ली खातिर खाली एगो मुकाबला खेलले रहस। दूसरका आउर, दक्षिण अफ्रीका के एगो आउर खिलाड़ी ट्रिस्टन स्टब्स लीग चरण के बाकी तीन मुकाबलन खातिर दिल्ली टीम के संगे जुड़ गइल बाड़ें। जदि दिल्ली के टीम प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई करत बिया तs ऊ उपलब्ध ना होइहें। हालांकि, फाफ डुप्लेसिस के उपलब्धता पs संशय बरकरार बा।

पंजाब से जुड़ी लो स्टोइनिस-इंग्लिस

पंजाब किंग्स के मार्कस स्टोइनिस आ जोश इंग्लिस टीम से जुड़े खातिर तइयार हो गइल बा लो, बाकिर ऊ 18 मई के टीम के मुकाबला में ना खेल सकी लो। मुंबई इंडियंस के बल्लेबाज जैक्स सुक के इंस्टाग्राम पs मुंबई के फ्लाइट टिकट के तस्वीर पोस्ट कs के अपना वापसी के पुष्टि कइलें। बाकिर हमवतन जोस बटलर के तरे जैक्स मुंबई इंडियंस के अंतिम दु लीग मैच खेलला के बाद राष्ट्रीय टीम के प्रतिबद्धता खातिर रवाना हो जाई लो, काहेकि आईपीएल के प्लेऑफ वेस्टइंडीज के खिलाफ 29 मई से सुरू हो रहल इंग्लैंड के सफेद गेना के सीरीज से टकरा रहल बा।

मुंबई इंडियंस एह समय अंक तालिका में चउथा स्थान पs बा आ प्लेऑफ में जगह पक्का करे खातिर ओकरा आपन बचल दुनो मैच जीते के होई। भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव के कारण आईपीएल के एक हफ्ता के स्थगित कइला के बाद 17 मई से फेर से सुरू कइल जाई, जवना से अब आईपीएल फाइनल तीन जून के होई।

तीन लीग मैच खेले खातिर मुस्तफिजुर के मिलल एनओसी

बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी) तेज गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के यूएई के खिलाफ सानीचर के शारजाह में पहिला टी20 मैच खेलला के बाद 18 से 24 मई तक आईपीएल में दिल्ली कैपिटल्स खातिर खेले के अनुमति दे देले बा। रहमान के ऑस्ट्रेलियाई बल्लेबाज जैक फ्रेजर मैकगर्क के जगह टीम में सामिल कइल गइल। दिल्ली के सामना अतवार के गुजरात टाइटंस से होई।

बीसीबी बयान में कहलस, बीसीबी क्रिकेट के फैसला के अनुसार बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड राष्ट्रीय टीम के तेज गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के आईपीएल के बाकी मैचन में 18 से 24 मई तक खेले खातिर अनापत्ति प्रमाण पत्र (एनओसी) दे देले बा।

Read Also: Gorakhpur Zoo: गोरखपुर से इलाज खातिर कानपुर भेजल गइल बब्बर शेर पटौदी तुड़लस दम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-