iPhone यूजर्स खातिर iOS 26.3 अपडेट आ नया फीचर, पूरा डिटेल आ डाउनलोड करे के तरीका

Apple iPhone 16e smartphone with discount offer available at Croma in India

Share

नई दिल्ली। Apple अपना iPhone यूजर्स खातिर लेटेस्ट iOS 26.3 अपडेट रिलीज कs देलस। एकरा संगे iPadOS 26.3 पेश भइल बा। एकरा पहिले Apple दू महीना पहिले iOS 26.2 रिलीज कइले रहे। iOS 26.3 में कइयन गो बग फिक्स आ सिक्योरिटी इंप्रूवमेंट्स सामिल बा आ कुछ नया फीचर जोडल गइल बा।

स्विच कइल अब आसान

iOS 26.2 के खास फीचर रहे कि Apple डिवाइस से Android में स्विच कइल आसान हो जाई। iOS 26.3 में ई सुविधा बा। नया फीचर से यूजर्स नया डिवाइस सेटअप करत घरी फोटो, मैसेज, नोट्स, एप्स, पासवर्ड, फोन नंबर आ बाकी डेटा ट्रांसफर कs सकेलें। एकरा से Apple से Android में स्विच कइल आसान हो जाई आ डेटा सुरक्षित रही।

लोकेशन ट्रैकिंग पs कंट्रोल

iOS 26.3 में यूजर्स अब कैरियर लोकेशन ट्रैकिंग पs नियंत्रण पा सकेलें। ई फीचर कुछ नेटवर्क ऑपरेटर्स के संगे लाइव बा, जइसे अमेरिका में Boost Mobile, जर्मनी में Telekom, आ थाईलैंड में AIS आ True। ई खाली ओही डिवाइस में काम करी, जेकरा में Apple C1 भा C1X मॉडेम बा।

थर्ड पार्टी वीयरेबल्स सपोर्ट

Apple अब थर्ड-पार्टी वीयरेबल्स, जइसे स्मार्टवॉच आ हेडफोन, यूरोप में सपोर्ट कs रहल बा। यूजर्स अब आईफोन से आसानी से थर्ड-पार्टी एक्सेसरीज कनेक्ट कs सकी लोग। थर्ड-पार्टी स्मार्टवॉच पs नोटिफिकेशन आईफोन से मिल जाई।

नया वेदर वॉलपेपर

iOS 26.3 में नया वेदर वॉलपेपरो जोडल गइल बा। लॉक-स्क्रीन के यूजर्स अपना पसंद से कस्टमाइज कs सकी लोग। पहिले आईफोन में वेदर आ एस्ट्रोनॉमी एके कैटेगरी में रहे, अब Apple वेदर के अलग कs देले बा।

Apple iOS 26.3: केकरा मिली अपडेट

iOS 26.3 iPhone 11 आ ओकरा बाद के लॉन्च भइल आईफोन में इंस्टॉल हो सकेला। डाउनलोड करे खातिर सेटिंग → जनरल → सॉफ्टवेयर अपडेट में जा के अपडेट इंस्टॉल करे के पड़ी।

Read Also: Bharat Band : बैंक, ट्रांसपोर्ट आ दफ्तर… ट्रेड यूनियनन के आज देशभर में हड़ताल, जानीं का बंद बा आ का खुलल बा?

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-