आयुर्वेद दुनिया के सबसे पुरान चिकित्सा प्रणालियन में से एगो हs। एकर माने होला- ‘जिनगी के अमृत रूप के गियान’। ई भारतीय आयुर्विज्ञान (Ayurvigyan) हs जवन विज्ञान के अइसन शाखा हs जवन आदमी के देह के निरोग राखे, रोग होखला पs रोग मुक्त करे आ आदमी के उमिर बढ़वला से जुडल बा।
आयुर्वेद के जनक भगवान धन्वंतरि हई, इहाँ के आरोग, सेहत आ तेज के देवता हई। धन्वंतरि महान चिकित्सक रहनी जेकरा देव के पद मिलल। हिन्दू मान्यता के अनुसार, भगवान धन्वंतरि भगवान विष्णु के अवतार हई।
