Gorakhpur News: मोटिवेशनल स्पीकर बीके शिवानी आजु बतइहें, ‘जीवन में असीम शांति आ खुशी के पासवर्ड’

Share

अंतरराष्ट्रीय प्रेरक वक्ता बीके शिवानी बुध के दिने गोरखपुर में रहीहें। सैयद मोदी रेलवे स्टेशन पs एगो कार्यक्रम के दौरान लोग से बातचीत करीहे। जीवन में अपार शांति आ सुख के पासवर्ड के विषय पs आपन अनुभव साझा कs के ऊ अपना प्रेरणादायक भाषणन से लोग के जोड़ दीहें।

प्रजापिता ब्रह्मा कुमारी ईश्वरीय विश्वविद्यालय शाहपुर केन्द्र प्रभारी बीके पारुल बतवली साँझ छह बजे से आठ बजे ले दू घंटा ले लोग के बीच संगठन के अंतर्राष्ट्रीय प्रेरक वक्ता बीके शिवानी जनता में रहीहें। जीवन के प्रेरणादायक भाषण कार्यक्रम में लगभग 6 हजार लोग के बईठे के इंतजाम कईल गईल बा।

सबके प्रवेश पूरा निशुल्क होई। लेकिन, आवे वाला लोग के एंट्री पास ले आवे के होई। एक पास पs चार लोग एह कार्यक्रम में भाग लीहें। बतावल गइल कि जेकरा लगे एंट्री पास नइखे ऊ आयोजन स्थल पs लगावल स्टॉल से एंट्री पास ले सकेला।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-