Instagram Update : यूजर्स के मिलल बड़ अपडेट अब एक साथे 20 फोटो-वीडियो कर पइहें शेयर

Share

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पs यूजर एक संगे 20 फोटो-वीडियो शेयर क सकतारे। पहिले इ सीमा 10 के रहे। इंस्टाग्राम के कैरोसेल पोस्ट फीचर के माध्यम से यूजर एके बेर में कई गो फोटो आ वीडियो शेयर कर सकतारे। ई फीचर साल 2017 में पेश कइल गइल रहे। इंस्टाग्राम पs वीडियो काफी लोकप्रिय हो रहल बा। अइसना में कंपनी फोटो शेयरिंग के बढ़ावा देवे खाती ए फीचर के अपग्रेड करतिया।

लोकप्रिय इमेज अवुरी वीडियो शेयरिंग प्लेटफॉर्म इंस्टाग्राम पs एगो नाया फीचर आइल बा। एह फीचर के मदद से अब यूजर अधिकतम 20 फोटो चाहे वीडियो शेयर कर सकतारे। पहिले इ सीमा 10 के रहे। ई फीचर ओह लोग खातिर बढ़िया बा जे कैरोसेल पोस्ट शेयर कइल पसंद करेलें। फेसबुक के स्वामित्व वाला इंस्टाग्राम 2017 में कैरोसेल पोस्ट फीचर पेश कइले रहे। अब कंपनी एह फीचर के अपग्रेड क देले बिया।

कैरोसेल के विशेषता का बा?

सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म  कैरोसेल फीचर पेश कइले रहे, जवना में यूजर इंस्टाग्राम पs कई गो फोटो अवुरी वीडियो शेयर कर सकऽतारे। पोस्ट के नीचे लउके वाला बिन्दु से रउरा एह पोस्टन के पहचान कर सकीलें। एकरा साथे अगिला पोस्ट देखे खातिर स्वाइप करे के पड़ी। एह फीचर के सबसे बड़ फायदा इ बा कि यूजर एकही पोस्ट में अपना गैलरी से 20 फोटो शेयर क सकतारे।

फोटो से वीडियो पऽ ज्यादा फोकस

इंस्टाग्राम पऽ रील्स के अईला के बाद से यूजर ए प्लेटफॉर्म के इस्तेमाल फोटो से जादे वीडियो देखे आ शेयर करे खाती करेले। भारत में टिकटोक पs रोक लगला के बाद इन्स्टाग्राम पs रील के खूब शेयर हो रहल बा। कंपनी के कहनाम बा कि उ लोग अपना के खाली वीडियो तक सीमित नइखन राखल चाहत। इहे कारण बा कि कंपनी फोटो शेयरिंग के बढ़ावा देवे खाती इ फीचर लेके आईल बिया।

जल्दिए अपडेट मिल जाई

फिलहाल इंस्टाग्राम के नाया फीचर के इस्तेमाल सिर्फ कुछ यूजर करऽ सकतारे। कंपनी के कहनाम बा कि इ फीचर वैश्विक स्तर प जारी कइल जाता। यूजर्स के धीरे-धीरे एकर अपडेट मिले लागल बा। इंस्टाग्राम के लेटेस्ट फीचर के संगे यूजर एक संगे 20 फोटो आ वीडियो शेयर कर सकऽतारे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-