Instagram के ऐलान, टीनएजर्स खातिर नया सर्विस

Share

Instagram टीनएजर्स के सेफ्टी के ध्यान में राखत नया ऐलान कइले बा। अब उनका Instagram Teens Accounts मिली। एह अकाउंट के अंदर यूजर्स के प्राइवेसी आ सेफ्टी के काफी ध्यान राखल गइल बा। एमें यूजर्स के अकाउंट बाय डिफॉल्ट प्राइवेट हो जाई। एकरा अलावा रात 10 बजे के बाद से कवनो अलर्ट नोटिफिकेशन ना आई। तऽ आईं एकरा बारे में डिटेल्स में जानल जाव।

Instagram अपना प्लेटफॉर्म पs एगो बड़ ऐलान कइले बा, जवना के बाद से टीनएजर्स अकाउंट में एगो बड़ बदलाव होखे जा रहल बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एकरा मदद से नाबालिग के ऑनलाइन दुनिया के वजह से होखे वाला नुकसान से बचावल चाहऽता।

Instagram लगातार खुद के बेहतर बनावे के कोशिश में लागल बा। प्लेटफॉर्म आखिरकार Instagram Teen Account के पेश कऽ देले बा। एकरा मदद से टीएनएर्स के सेफ्टी के साथे बेहतर एक्सपीरियंस मिली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-