Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

EVM मशीन ले जा रहल दरोगा के पटना एम्स में इलाज के दौरान मौत, चुनाव में लगावल गइल रहे ड्यूटी

270

लोकसभा चुनाव के सातवां आ अंतिम चरण के मतदान के बाद चुनावी ड्यूटी के दौरान ईवीएम मशीन ले जा रहल दरोगा के इलाज के दौरान पटना एम्स में मौत हो गइल। घटना के बाद उनका शव के पोस्टमार्टम खातिर पटना एम्स में रखल गइल बा। घटना के पुष्टि नवादा थाना के कौवाकोल के प्रभारी प्रदीप कुमार कइले रहस।

कौवाकोल थाना में रहे पोस्टिंग

कौवाकोल थाने में पदस्थापित दरोगा राम भजन सिंह के चुनावी ड्यूटी खातिर औरंगाबाद में लगावल गइल रहे। ड्यूटी खत्म कइला के बाद राम भजन सिंह मशीन लेके जात रहलें। एह दौरान अचानके उनकर तबीयत खराब हो गइल।

इलाज खातिर राम भजन सिंह के औरंगाबाद अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के बेहतर इलाज खातिर पटना एम्स ले जाये के सलाह दिहल लो। डॉक्टर के सलाह पs राम भजन सिंह के इलाज खातिर पटना एम्स में भर्ती करावल गइल, जहां इलाज के दौरान अतवार के सबेरे अचानक उनकर मौत हो गइल।

पुलिस महकमा में सन्नाटा

उनका मौत के खबर सुनतही पुलिस महकमा में सन्नाटा पसर गइल बा। बिहार पुलिस एसोसिएशन के प्रदेश अध्यक्ष मृत्युंजय कुमार सिंह राम भजन सिंह के मृत्यु पs शोक जतावत सरकार से उनका परिवार के उचित सहजोग राशि, परिवार में कवनो सदस्य के नौकरी आ लईकन के मुफ्त शिक्षा के मांग सरकार से कइले बाड़ें।

कौवाकोल थाना के प्रभारी प्रदीप कुमार बतवलें कि दरोगा राम भजन सिंह नवादा के कौवा कोल थाना में दारोगा के पs तैनात रहलें। ऊ बतवलें कि राम भजन सिंह मूल रूप से बलिया जिला के गांगहरा गांव के निवासी रहस। उनकर मृत्यु के खबर उनका परिजनन के भेज दिहल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

852550cookie-checkEVM मशीन ले जा रहल दरोगा के पटना एम्स में इलाज के दौरान मौत, चुनाव में लगावल गइल रहे ड्यूटी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.