Seven Jyotirlinga Yatra: गोरखपुर से 26 को सात ज्योतिर्लिंग यात्रा पऽ रवाना होई भारत गौरव ट्रेन, देवे के होई बस मामूली शुल्‍क

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2024

Seven Jyotirlinga Yatra: ज्योर्तिलिंग , द्वारिकाधीश आ द्वारिका नाथ के दर्शन कर सकऽ तानी। टूर पैकेज के किराया 24300 रूपिया से आरंभ बा। श्रद्धालु 1178 रुपये प्रति माह किस्तो पऽ टिकट खरीद सकत बाड़े। छपरा

Share

Seven Jyotirlinga Yatra: ज्योर्तिलिंग , द्वारिकाधीश आ द्वारिका नाथ के दर्शन कर सकऽ तानी। टूर पैकेज के किराया 24300 रूपिया से आरंभ बा। श्रद्धालु 1178 रुपये प्रति माह किस्तो पऽ टिकट खरीद सकत बाड़े। छपरा सीवान थावे कप्तानगंज स्टेशनन पs यात्रियन के उतारत गोरखपुर में यात्रा समाप्त करी। एह ट्रेन में कंफर्ट श्रेणी में 49 स्टेंडर्ड श्रेणी में 70 आ इकोनामी श्रेणी में 648 सहित कुल 767 बर्थ उपलब्ध बा।

महाकाल सहित सात ज्योतिर्लिंग के दर्शन करे के इच्छा राखे वाला उत्तर प्रदेश आ बिहार के श्रद्धालुअन खातिर नीमन खबर बा। इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्यालय गोरखपुर से 26 जून के सात ज्योतिर्लिंग यात्रा खातिर भारत गौरव ट्रेन चलावे के घोषणा कइलस।

आठ जुलाई तक 12 रात आ 13 दिन के टूर पैकेज वाली ई ट्रेन कप्तानगंज, थावे, सिवान, छपरा, बनारस, प्रयागराज, रायबरेली, लखनऊ, कानपुर सेंट्रल, उरई, वीरांगना लक्ष्मीबाई जंक्शन (झासी), ललितपुर आ बीना स्टेशनन पs रुकत चली। टिकट के बुकिंग शुरू बा। आइआरसीटीसी के वेबसाइट पर विस्तृत जानकारी उपलब्ध बा।

मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह के अनुसार भारत गौरव ट्रेन के माध्यम से श्रद्धालु ओंकारेश्वर, महाकालेश्वर, सोमनाथ, नागेश्वर, त्रयम्बकेश्वर, घृणेश्वर आ भीमा शंकर सहित कुल 7 ज्योर्तिलिंग, द्वारिकाधीश आ द्वारिका नाथ के दर्शन कऽ सकीहें। टूर पैकेज के किराया 24,300 रूपिया से आरंभ बा। श्रद्धालु 1178 रूपिया प्रति माह किस्त पs टिकट खरीद सकऽ ताड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.