Gorakhpur News: रेस्टोरेंट के कोल्ड कॉफी में मिलल कीड़ा, नोटिस- बिना पंजीकरण के चलत रहे ‘कोहिनूर’

Share

गोरखपुर के सिविल लाइंस इस्थित कोहिनूर रेस्टोरेंट में कोल्ड कॉफी में कीड़ा मिलला के शिकायत खाद्य विभाग से कइल गइल। मुख्य खाद्य सुरक्षा अधिकारी हितेन मोहन त्रिपाठी के निरदेस पs विभाग के टीम रेस्टोरेंट के जांच कइलस।

टीम पनीर आ दूध के नमूना लेके जांच खातिर प्रयोगशाला भेज देलस। रेस्टोरेंट संचालक के लगे फूड लाइसेंस ना रहे। एकरा खातिर संचालक के नोटिस दिहल गइल बा। टीम रिपोर्ट तइयार के मुख्य खाद्य सुरक्षा अधिकारी के सौंप दिहल जाई।

बुध के रेस्टोरेंट में कॉफी पीये गइल एगो व्यक्ति फोन कs के मुख्य खाद्य सुरक्षा अधिकारी से शिकायत कइले रहस कि जवन कॉफी उनका के दिहल गइल ओमे कीड़ा रहे। एकर वीडियो भेजल गइल। जांच में गई टीम के साफ-सफाई ठीक ना मिलल।

एकरा बाद खाद्य विभाग के टीम प्रतिष्ठान के किचन से लेके पूरा रेस्टोरेंट के जांच कइलस। जांच के दौरान साफ-सफाई रखे के निरदेस दिहल गइल।

सहायक आयुक्त खाद्य सुधीर कुमार सिंह बतवलें कि कोहिनूर रेस्टोरेंट पs कोल्ड कॉफी में कीड़ा पावल जाये के शिकायत पs टीम उहां पहुंचल रहे। जांच के बाद साफ सफाई खातिर नोटिस दिहल गइल बा। प्रतिष्ठान के संचालन कs रहल मालिक के लगे दोसर दोकान के फूड लाइसेंस रहे।

कार्रवाई खातिर रिपोर्ट भेज दिहल गइल बा। जांच के दौरान खाद्य सुरक्षा अधिकारी, आशुतोष कुमार, प्रतिमा उपाध्याय, कमल नारायण, संतोष तिवारी उपस्थित रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-