Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Innova EV के आहट से SUV सेगमेंट में हलचल, जानि कब आई, केतना होई कीमत

एकरा से पहिले इनोवा के इलेक्ट्रिक वर्जन के इंडोनेशिया में ट्रायल होखत देखल गईल रहे। टोयोटा आपन एमपीवी इनोवा क्रिस्टल ईवी में ले आई।

378
Google Ads 300*250 for posts

टोयोटा भारतीय बाजार में आपन दमदार गाड़ी खातीर जानल जाले। कंपनी के बेस्ट सेलिंग एसयूवी इनोवा में से एगो अब ईवी ले आवे के तैयारी में बिया। कार बाजार में इलेक्ट्रिक कार के लगातार बढ़त मांग के चलते कंपनी के अयीसन करे के पड़ल बा।

 इंडोनेशिया में इनोवा के इलेक्ट्रिक संस्करण के परीक्षण कईल गईल

एकरा से पहिले इनोवा के इलेक्ट्रिक वर्जन के इंडोनेशिया में ट्रायल होखत देखल गईल रहे। जापानी कार निर्माता कंपनी टोयोटा आपन सबसे मशहूर एमपीवी इनोवा क्रिस्टल ईवी में ले आई। एकरा के इंडोनेशिया इंटरनेशनल मोटर शो में पेश कइल गइल बा। जवना के चलते अब एकरा के भारतीय बाजार में जल्दिए आवे के उम्मेद बा।

 

नाया ईवी कार blanked-out grille अउरु modified bumper

फिलहाल कंपनी ए कार के दाम, फीचर आ पावरट्रेन के बारे में कवनो खुलासा नईखे कईले। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, ए नाया ईवी कार में ब्लैंक आउट ग्रिल अवरू मोडिफाइड बम्पर दिहल जाई। ए कार के स्टीयरिंग व्हील पे 8 इंच के इंफोटेनमेंट सिस्टम होई।

 

एकरा में टचस्क्रीन इंफोटेनमेंट सिस्टम, 3 स्पोक मल्टी-फंक्शनल स्टीयरिंग व्हील 

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक हेडलाइट के नीले रंग में हाइलाइट कईल गईल बा। फ्रंट बम्पर में वर्टिकल फॉग लैंप केसिंग बा। अलॉय व्हील के साइड में नीले रंग के ग्राफिक्स भी बा। एकर इंटीरियर ici edition पे आधारित बा। अनुमान बा कि दिसंबर 2023 तक कंपनी के एकरा के भारत में पेश करे के चाही। एकरा में टचस्क्रीन इंफोटेनमेंट सिस्टम, 3-स्पोक मल्टी-फंक्शनल स्टीयरिंग व्हील आ एनालॉग इंस्ट्रूमेंट कंसोल दिहल जाई। फिलहाल इनोवा में 2.4 लीटर के डीजल दिहल जाता। एकर शुरुआती दाम 20 लाख एक्स शोरूम से होखे के रुपिया से अधिका होखे के उमेद बा।

 

518930cookie-checkInnova EV के आहट से SUV सेगमेंट में हलचल, जानि कब आई, केतना होई कीमत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.