बिजनेस डेस्क। बुध के दिन भारतीय शेयर बाजार हरियर निशान पs खुलल आ सुरुआती कारोबार में बढ़िया तेजी देखे के मिलल। कच्चा तेल के दाम में गिरावट आ वैश्विक बाजार में मजबूती के चलते निवेशकन के भरोसा बढ़ल बा। एह बीच आईटी शेयर में तेज उछाल से घरेलू बाजार में सकारात्मक माहौल बनल बा।
सुरुआती कारोबार में बीएसई सेंसेक्स 518 अंक चढ़के 76,589 के स्तर पs पहुंच गइल। एनएसई निफ्टी करीब 157 अंक बढ़के 23,700 के पार निकल गइल। हालांकि रुपिया में हल्का कमजोरी देखल गइल आ ई अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 92.43 पs आ गइल।
जदि सेंसेक्स के कंपनियन के बात करीं तs टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज, इंटरग्लोब एविएशन, ट्रेंट, एचसीएल टेक, इंफोसिस आ महिंद्रा एंड महिंद्रा जइसन शेयर में बढ़त देखल गइल। जबकि एचडीएफसी बैंक, आईसीआईसीआई बैंक, टाटा स्टील आ कोटक महिंद्रा बैंक जइसन शेयर तनिका दबाव में रहे।
बाजार विशेषज्ञ अजय बग्गा के मोताबिक, बाजार अब गिरावट से उबर के धीरे-धीरे रिकवरी कs रहल बा। ऊ बतवलें कि बिदेसी निवेशक (FPI) भलही मार्च में 70,000 करोड़ से जादे पईसा निकाल लेलें, बाकिर घरेलू निवेशक (DII) बाजार के सहारा दे रहल बा लोग।
हालांकि ऊ चेतावनी देलें कि बाजार के आगे के दिशा कच्चा तेल के सप्लाई आ वैश्विक हालात पs निर्भर करी। एही हफ्ता अमेरिकी फेडरल रिजर्व के बैठक बाजार खातिर काफी महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।
एशियाई बाजार में तेजी के माहौल रहे। जापान, सिंगापुर, ताइवान आ दक्षिण कोरिया के बाजार बढ़त में रहलें, जबकि हांगकांग में हल्का गिरावट देखे के मिलल।
कुल मिलाके, अभी बाजार में सकारात्मक रुझान बा, बाकिर वैश्विक अनिश्चितता के चलते निवेशकन के सावधानी से फैसला लेला के जरूरत बा।








