भारतीय नौसेना के जहाज से टकरा गइल मछरी पकड़े वाला नाव, 11 लोग बचावल गइल, दु के तलाश जारी

indian navy

Share

 

बियफ़ें के गोवा के उत्तर-पश्चिम में समुद्र में भारतीय नौसेना के संगे एगो दुर्घटना भईल। एगो भारतीय मछरी पकड़े वाला जहाज मार्थोमा भारतीय नौसेना के जहाज से टकरा गइल. जानकारी के मुताबिक मछरी मारे वाला जहाज पs 13 लोग के चालक दल रहे। एहमें से 11 लोग के नौसेना सफलतापूर्वक बचा लिहले बिया. एही बीच दू गो अउरी लोग के बचावे खातिर बचाव अभियान चलावल जा रहल बा।

दुर्घटना कईसे भईल?

भारतीय नौसेना एह हादसा के जानकारी दिहले बिया कि गोवा के तट से 70 समुद्री मील दूर भारतीय नौसेना के जहाज आ मछरी मारे वाला मार्थोमा के बीच टक्कर भइल बा. बियफ़ें के सांझ के इs हादसा भईल। दुर्घटना के बाद भारतीय नौसेना के ओर से तुरंत तलाशी-बचाव के काम शुरू कs दिहल गईल। अबे ले 11 चालक दल के सदस्य बरामद हो चुकल बाड़े।

नौसेना बचाव अभियान चलावत बिया

मछरी मारे वाला जहाज के दू गो जवानन के तलाशी आ बचावे के कोशिश नौसेना जारी बा. एमआरसीसी (मुंबई) के संगे तालमेल होखे के सूचना नौसेना के ओर से दिहल गईल बा। बचाव के प्रयास बढ़ावे खातिर अतिरिक्त संपत्ति भेजल गईल बा। अउरी विस्तार से जानकारी के इंतजार बा।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-