UP: इंडियन आइडल 12 के विजेता पवनदीप राजन हादसा में घायल..

Minee Upadhyay

टीवी शो इंडियन आइडल 12 के विजेता गायक पवनदीप उत्तराखंड से नोएडा जात घरी सड़क दुर्घटना में घवाहिल हो गइलन. उनुकर गाड़ी पीछे से गजरौला में हाईवे के किनारे खड़ा कैंटर से टकरा गईल। एह हादसा में उनकर ड्राइवर राहुल सिंह आ साथी अजय मेहरा भी घवाहिल हो गइलें। पुलिस तीनों के निजी अस्पताल में भर्ती करवलस।

गायक पवनदीप के हालत गंभीर बनल बा। दुनों क्षतिग्रस्त गाड़ी के पुलिस अपना हिरासत में ले लेले बिया।  उत्तराखंड के चंपावत निवासी सुरेश राजन के बेटा पवनदीप भारतीय गायन रियलिटी टीवी शो इंडियन आइडल 12 के विजेता बाड़े, पुलिस के मुताबिक, अतवार के रात पवनदीप अपना दोस्त अजय मेहरा के संगे घर से नोएडा जात रहलेभईल।

एs दौरान उनुकर गाड़ी ड्राइवर राहुल सिंह चलावत रहले। रात के करीब 2.30 बजे गजरौला थाना क्षेत्र के चौपला क्रासिंग ओवरब्रिज से जसही उनुकर गाड़ी उतरल, पीछे से हाईवे के किनारे खड़ा कैंटर से टकरा गईल। इs हादसा ड्राइवर राहुल सिंह के नींद आवे के चलते भईल। एs दुर्घटना में गायक पवनदीप, उनुकर साथी अजय मेहरा अवुरी ड्राइवर राहुल सिंह गंभीर रूप से घाही हो गईले।

दुर्घटना के बाद लोग के भीड़ जमा हो गईल। मौका प पहुंचल पुलिस घाही लोग के गाड़ी से निकाल के सरकारी अस्पताल में भर्ती करवलस। जहां से डॉक्टर तीनों के मुरादाबाद रेफर क देले। तीनों के गंभीर हालत देख पुलिस ददौली के राजमार्ग प स्थित एगो निजी अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करवलस।

जानकारी मिलते गायक पवनदीप के परिवार अस्पताल पहुंचल। इहाँ प्राथमिक चिकित्सा के बाद तीनों के बेहतर इलाज खाती नोएडा ले जाइल गईल। डॉक्टर के मुताबिक पवनदीप के दुनो गोड़ में फ्रैक्चर हो गईल बा अवुरी उनुका माथा में भी चोट लागल बा।

सीओ श्वेताभ भास्कर बतवले कि दुनो क्षतिग्रस्त गाड़ी के हिरासत में लिहल गईल बा। शिकायत के आधार प ए मामला में आगे के कार्रवाई होई। कार चालक के नींद आवे के चलते दुर्घटना भईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment