IND vs PAK : टी20 वर्ल्ड कप में भारत के दबदबा, पाकिस्तान के 8वां बेर धूल चटवलस, इहां देखीं सब जीतन के लिस्ट 

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। कोलंबो में खेलल गइल मुकाबला में भारतीय क्रिकेट टीम पाकिस्तान के 61 रन से हराके टी20 वर्ल्ड कप के इतिहास में आठवां जीत दर्ज कइले बिया। टी20 वर्ल्ड कप में अभी तक भारत आ पाकिस्तान के बीच कुल 9 मैच खेलल गइल बा, जवना में भारत 8 मैच जीतले बा आ पाकिस्तान के खाली एक बेर जीत नसीब भइल बा। कोलंबो में भारत पहिले बैटिंग करत 175 रन बनवलस, जवना के जवाब में पाकिस्तान के टीम 114 रन पs ढेर हो गइल।

ई मुकाबला टी20 वर्ल्ड कप में रन के लिहाज से पाकिस्तान के भारत के खिलाफ सबसे बड़ हार रहल। चलीं अब एक नजर डालल जावs कि टी20 वर्ल्ड कप में भारत कब-कब पाकिस्तान के हरवले बा।

टी20 वर्ल्ड कप 2007

ग्रुप स्टेज में भारत आ पाकिस्तान के बीच मैच टाई भइल रहे। दुनो टीम 141-141 रन बनवले रहे। बाद में बॉलआउट में भारत जीत हासिल कइले रहे।

टी20 वर्ल्ड कप 2007 फाइनल

फाइनल मुकाबला में भारत 157 रन बनवले रहे। पाकिस्तान 152 रन पs सिमट गइल आ भारत 5 रन से चैंपियन बनल।

टी20 वर्ल्ड कप 2012

ग्रुप स्टेज में पाकिस्तान 128 रन बनवले रहे। भारत 2 विकेट खोके लक्ष्य हासिल कइलस आ 8 विकेट से मैच जीतल।

टी20 वर्ल्ड कप 2014

पाकिस्तान 130 रन बनवले रहे। भारत 3 विकेट गंवाके लक्ष्य पूरा कइलस आ 7 विकेट से जीत दर्ज कइलस।

टी20 वर्ल्ड कप 2016

पाकिस्तान 118 रन बनवले रहे। भारत 4 विकेट खोके लक्ष्य हासिल कइलस आ 6 विकेट से मुकाबला जीतल।

टी20 वर्ल्ड कप 2022

मेलबर्न में खेलल गइल मैच में पाकिस्तान 159 रन बनवले रहे। विराट कोहली के नाबाद 82 रन के दम पs भारत 4 विकेट से जीत हासिल कइलस।

टी20 वर्ल्ड कप 2024

पाकिस्तान भारत के 120 रन के लक्ष्य के पीछा ना कs सकल। टीम 113 रन पर सिमट गइल आ भारत 6 रन से जीतल।

टी20 वर्ल्ड कप 2026

टी20 वर्ल्ड कप 2026 में भारत 175 रन बनवलस आ पाकिस्तान 114 रन पs ऑलआउट हो गइल। भारत ई मुकाबला 61 रन से जीतके पाकिस्तान के खिलाफ टी20 वर्ल्ड कप में आठवां बेर जीत दर्ज कइलस।

Read Also: 16 फरवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-