नई दिल्ली। भारतीय क्रिकेट टीम एह साल जून में आयरलैंड के दौरा करी। एह दौरान दूनो टीमन के बीच 2 मैचन के टी20 इंटरनेशनल सीरीज खेलल जाई। बीसीसीआई सनिचर के एह दौरा के शेड्यूल जारी कs देले बा। टी20 सीरीज के सुरुआत 26 जून से होई।
बीसीसीआई देलस जानकारी
बीसीसीआई के ओर से जारी जानकारी के अनुसार, भारतीय सीनियर मेंस टीम जून 2026 में दू मैचन के टी20 इंटरनेशनल सीरीज खातिर आयरलैंड के दौरा करी। भारतीय टीम पिछले आठ सालों में तीन बार (2018, 2022 और 2023) आयरलैंड का दौरा कर चुकी है। भारतीय टीम 2007 के बाद पहली बार बेलफास्ट में वापसी कर रही है।
टी20 सीरीज के शेड्यूल
पहिला टी20 : 26 जून, बेलफास्ट
दूसरका टी20: 28 जून, बेलफास्ट
हेड टू हेड के आंकड़ा
भारत आ आयलैंड के बीच टी20 इंटरनेशनल में हेड टू हेड के आंकड़न पs नजर डालीं तs टीम इंडिया के मोनोपोली बा। दूनो टीमन के बीच 2009 से 2024 के बीच 8 टी20 इंटरनेशनल मुकाबला खेलल गइल बा। एह दौरान आयरलैंड टीम कवनो मुकाबला नइखे जीत सकल। टीम इंडिया सब 8 मुकाबलन पs कब्जा जमवले बिया। अइसन में अब आयरलैंड के लगे अपना घर पs मैन इन ब्ल्यू कs शिकस्त देवे के अच्छा मवका बा।
इंग्लैंड के दौरा करी टीम इंडिया
आयरलैंड के बाद भारतीय टीम इंग्लैंड दौरा पs जाई। एह दौरान दूनो टीमन के बीच 5 टी20 आ 3 वनडे मैचन के सीरीज खेलल जाई। माने की भारतीय टीम 16 दिन के भीतर 7 टी20 इंटरनेशनल मुकाबला खेलत नजर आई। इंग्लैंड दौरा के सुरुआत 1 जुलाई से होई आ आखिरी टी20 11 जुलाई के खेलल जाई। एकरा बाद 14 जुलाई से वनडे सीरीज के आगाज होई। संगही आखिरी तीसरा वनडे 19 जुलाई के खेलल जाई।









