U19 World Cup Champions : रिकॉर्ड रन बनाके सबसे बड़ जीत हासिल कइलस भारत, छठवां बेर बनल अंडर-19 वर्ल्ड कप विजेता

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत एक बेर फेर क्रिकेट के दुनिया में आपन दबदबा साबित कs देलस। अंडर-19 वर्ल्ड कप के फाइनल मुकाबला में टीम इंडिया इंग्लैंड के 100 रन से करारा शिकस्त देत छठवां बेर खिताब अपना नामे कs लेलस। ई जीत रनन के अंतर से अंडर-19 वर्ल्ड कप फाइनल के इतिहास में सबसे बड़ जीत बा। एह जीत के संगे भारत 2000, 2008, 2012, 2018 आ 2022 के बाद अब 2026 में अंडर-19 विश्व चैंपियन बन गइल बा।

फाइनल में भारत टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करत 411 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम 40.2 ओवर में 311 रन बना के ऑलआउट हो गइल। टीम इंडिया खातिर फाइनल के हीरो वैभव सूर्यवंशी रहलें, जिनकर विस्फोटक पारी देख के पूरा स्टेडियम झूम उठल।

रिकॉर्ड पs रिकॉर्ड बनवलस भारत

भारत के 100 रन से जीत अंडर-19 वर्ल्ड कप फाइनल में अब तक के सबसे बड़ जीत बा। एकरा से पहिले ई रिकॉर्ड ऑस्ट्रेलिया के नामे रहल, जवन 2024 में भारत के 79 रन से हरवले रहे। ओहिजा 411 रन के स्कोर अंडर-19 वर्ल्ड कप आ फाइनल दुनो में अब तक के सबसे बड़ स्कोर बन गइल बा। भारत इंग्लैंड के 404 रन के पुरान रिकॉर्ड तुड़ देलस।

ई भारत के अंडर-19 वर्ल्ड कप में तीसरा 400+ स्कोर बा, जबकि दुनिया के कवनो आउर टीम ई कारनामा एक से जादे बेर नइखे कs सकल।

भारत के पारी के कहानी

भारतीय टीम के सुरुआत खराब रहल। 20 रन पs एरॉन जॉर्ज आउट हो गइलें। बाकिर ओकरा बाद वैभव सूर्यवंशी आ कप्तान आयुष म्हात्रे इंग्लैंड के गेंदबाजन के हालत खराब कs दिहल लोग। दुनो मिल के दूसरका विकेट खातिर 142 रन के साझेदारी कइल।

म्हात्रे 53 रन बनाके आउट भइलें। वैभव सूर्यवंशी 80 गेना में 175 रन ठोक देले, जेमे 15 चौका आ 15 छक्का सामिल रहे। वैभव के पारी अंडर-19 फाइनल के इतिहास में सबसे विस्फोटक पारी में गिनल जाई।

इंग्लैंड के पारी लड़खड़ाइल

412 रन के पीछा करे उतरल इंग्लैंड के सुरुआत खराब रहल। 19 रन पs पहिला विकेट गिर गइल। बीच में कैलब फाल्कनर अकेला संघर्ष करत शतक जमवलें आ 115 रन बनवलें, बाकिर तब तक मैच हाथ से निकल चुकल रहे।

भारत खातिर आरएस अंबरीश तीन विकेट लेलें, जबकि दीपेश देवेंद्रन आ कनिष्क चौहान दू-दू विकेट झटकल लोग।

देस में खुसी के लहर

टीम इंडिया के एह ऐतिहासिक जीत के बाद देस भर में खुसी के माहौल बा। क्रिकेट प्रेमी आ पूर्व खिलाड़ी सभे यूथ टीम के सानदार प्रदर्शन के जम के सराहना करत बा लोग। ई जीत भारत के भविष्य के क्रिकेट खातिर मजबूत संकेत बा।

Read Also: Gorakhpur News : 28 फरवरी के होई गजल प्रतियोगिता, 8 आ 15 फरवरी के होई ऑडिशन

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-