Gorakhpur News : 28 फरवरी के होई गजल प्रतियोगिता, 8 आ 15 फरवरी के होई ऑडिशन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 7, 2026

गोरखपुर। लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक, गोरखपुर के तत्वावधान में आवे वाला 28 फरवरी 2026 के एगो गजल प्रतियोगिता के आयोजन के तइयारी जोरन पs बा। अकादमी के निदेशक कल्पना श्रीवास्तव के ओर से जारी सूचना

Share

Gorakhpur Music Dance Competition 2026 Audition

गोरखपुर। लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक, गोरखपुर के तत्वावधान में आवे वाला 28 फरवरी 2026 के एगो गजल प्रतियोगिता के आयोजन के तइयारी जोरन पs बा। अकादमी के निदेशक कल्पना श्रीवास्तव के ओर से जारी सूचना के अनुसार, संस्था बीतल 8 साल से लगातार संगीत, नृत्य आ कला के क्षेत्र में सक्रिय भूमिका निभा रहल बिया।

बतावल गइल कि ई प्रतियोगिता खासतौर पs गोरखपुर जनपद आ आसपास के जिलन के उभरत कलाकारन खातिर सुनहरा मवका साबित होई। प्रतियोगिता में भाग लेवे खातिर इच्छुक प्रतिभागियन के ऑडिशन 8 फरवरी 2026 आ 15 फरवरी 2026 के आयोजित कइल जाई।

ऑडिशन के आयोजन होटल प्रगति इन, गोरखपुर में सबेरे 10:00 बजे से दुपहरिया 3:00 बजे तक होई। अकादमी के ओर से अपील कइल गइल बा कि जादे से जादे संख्या में प्रतिभागी समय पs पहुंच के अपना हुनर के प्रदर्शन करे।

बतावल गइल बा कि ऑडिशन में चयनित प्रतिभागियन के 28 फरवरी 2026 के आयोजित फाइनल प्रतियोगिता में भाग लेवे के अवसर मिली। फाइनल प्रतियोगिता के आयोजन ब्लैक हार्स, गोरखपुर में सुनिश्चित कइल गइल बा।

लिरिक्स अकादमी ऑफ म्यूजिक के निदेशक कल्पना श्रीवास्तव के कहनाम बा कि संस्था के उद्देश्य नवोदित कलाकारन के मंच देके ओह लोगन के प्रतिभा के निखारल आ आगे बढ़ावल बा। ई आयोजन स्थानीय कलाकारन खातिर बड़ प्लेटफॉर्म साबित हो सकेला।

Read Also: UP Road Accident : यमुना एक्सप्रेसवे पs भीषण हादसा, कंटेनर 15 लोगन के कुचललस, 6 के मौत, कइयन गो लोग घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.