स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टीम टी20 वर्ल्ड कप 2026 के सेमीफाइनल में इंग्लैंड के हराके फाइनल में जगह बना लेलस। एह जीत के संगे टीम इंडिया दुनिया के तिसरका अइसन टीम बन गइल बिया, जवन लगातार दू बेर टी20 वर्ल्ड कप के फाइनल में पहुंचल बिया। एकरा पहिले पाकिस्तान आ श्रीलंका ई उपलब्धि हासिल कs चुकल बा।
सैमसन के धुआंधार बल्लेबाजी
मुंबई के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल गइल सेमीफाइनल मुकाबला में भारत पहिले बल्लेबाजी करत सात विकेट पs 253 रन के विशाल स्कोर बनवलस। संजू सैमसन जबरदस्त बल्लेबाजी करत 89 रन के तूफानी पारी खेललें। उनका अलावा बाकी बल्लेबाज तेजी से रन बनाके टीम के स्कोर मजबूत कइल लोग।
जैकब बेथेल के शतक गइल बेकार
लक्ष्य के पीछा करे उतरल इंग्लैंड टीम जोरदार टक्कर देलस। जैकब बेथेल सानदार शतक लगावत 105 रन बनवलें, बाकिर भारतीय गेंदबाज अहम मवका पs विकेट निकाल के मैच पs पकड़ बनवले रखल लोग। 20 ओवर में इंग्लैंड सात विकेट पs 246 रन बना सकल आ भारत सात रन से मुकाबला जीत गइल।
भारत खातिर हार्दिक पांड्या दू विकेट लेलें, जबकि अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह, वरुण चक्रवर्ती आ अक्षर पटेल के एक-एक विकेट मिलल।
लगातार दूसरका बेर फाइनल में टीम इंडिया
एह जीत के संगे भारत लगातार दूसरका बेर टी20 वर्ल्ड कप के फाइनल में पहुंच गइल। एकरा से पहिले पाकिस्तान 2007 आ 2009 में जबकि श्रीलंका 2012 आ 2014 में लगातार दू बेर फाइनल खेल चुकल बा। अब भारत 2024 आ 2026 में लगातार दू बेर फाइनल खेले वाली तिसरका टीम बन गइल बिया।
अब 8 मार्च के अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में फाइनल मुकाबला भारत आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल जाई।
चउथा बेर फाइनल खेली भारत
टीम इंडिया अब तक 2007, 2014, 2024 आ 2026 में कुल चार बेर टी20 वर्ल्ड कप के फाइनल में पहुंच चुकल बिया।
बेथेल बनवलें खास रिकॉर्ड
एह मैच में इंग्लैंड के बल्लेबाज जैकब बेथेल 48 गेना में आठ चौका आ सात छक्का के मदद से 105 रन बनवलें। 218.75 के स्ट्राइक रेट से खेलत ऊ टी20 वर्ल्ड कप के नॉकआउट मैच में सबसे बड़ स्कोर बनावे वाला बल्लेबाज बन गइलें।
टी20 वर्ल्ड कप नॉकआउट मैच में सबसे बड़ा स्कोर
- जैकब बेथेल – 105 बनाम भारत, मुंबई, 2026
- फिन एलन – 100* बनाम दक्षिण अफ्रीका, कोलकाता, 2026
- तिलकरत्ने दिलशान – 96* बनाम वेस्टइंडीज, द ओवल, 2009
- विराट कोहली – 89* बनाम वेस्टइंडीज, मुंबई, 2016
- संजू सैमसन – 89 बनाम इंग्लैंड, मुंबई, 2026
Read Also: Assam : सुखोई हादसा में दु गो पायलट शहीद, जोरहाट एयरबेस से उड़ला के बाद लड़ाकू जहाज हो गइल रहे लापता








