फुटबाॅल SAFF चैंपियनशिप: भारत नेपाल के 2-0 से हरा सेमीफाइनल में, छेत्री- सिंह के नामे गोल

Share

भारत सनीचर के बेंगलुरु के श्री कांतीरावा स्टेडियम में नेपाल पs 2-0 से जीत के संगे SAFF चैंपियनशिप के सेमीफाइनल में आपन जगह पक्का कs लेलस। कप्तान सुनील छेत्री आ महेश सिंह 2 गोल दागल लो। ओहिजा, नेपाल एगो गोल ना कs सकल। एकरा संगही भारतीय टीम टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में आपन जगह बना लेलस।

भारतीय मैनेजर के अंडर खेलल टीम

कोच इगोर स्टिमैक के पाकिस्तान के खिलाफ रेड कार्ड मिलला के बाद भारत के असिस्टेंट कोच महेश गावली टीम के मैनेज कइलें। गावली सुरूआती प्लेइंग इलेवन में 8 चेंज कइलें। यंग खिलाड़ी जइसे उदंता सिंह, महेश सिंह, रोहित कुमार, मेहताब सिंह, आकाश मिश्रा आ राहुल भेके स्टार्ट कइल लो। ओहिजा, अनुभवी खिलाड़ी जइसे संदेश जिंगान, प्रिथम कोटल, अनवर अली आ गोलकीपर अमरिंदर सिंह सभे बेंच पs बइठल रहल।

नेपाल सुरुआत में अच्छा गेम खेलल 

नेपाल सुरुआत में सानदार गेम खेलल। कुछ शॉट्सो लगावल, बाकिर, एको गोल ना कs सकल। एकरा बाद ओकरा थ्रो पs मवका मिला, लेकिन कुछ हो ना सकल।

छेत्री लगवलें 91वां इंटरनेशनल गोल

घंटा भर के ठीक बाद 61वां मिनट में सुनील छेत्री के 91वां इंटरनेशनल गोल के बदौलत बढ़त मिलल। लेफ्ट साइड से सानदार क्रॉस के छेत्री लेलें आ डिफेंडर के छकावात अंदर पहुंचा देलें।

सिंह दुगुना कइलें लीड

महेश सिंह 70वां मिनट में भारत के बढ़त दुगुना कs देलें, जब छेत्री बॉक्स के भीतरी एगो डिफेंडर के छकवलें, बाकिर शॉट ना लाग सकल। उनका एटेम्पट के गोलकीपर रोक देलें, बाकिर बॉल क्रॉसबार से बाहर आ गइल आ महेश अपना माथा से गेना के  भीतरी डाले खातिर सही जगह पs रहस।

महेश सिंह भारत खातिर दुसरका गोल दगलें 

टेबल टॉप पs कुवैत

ग्रुप A पॉइंट्स टेबल में कुवैत 6 पॉइंट्स के संगे टॉप पs बा। ओगिजा, 6 पॉइंट्स के संगही भारत दूसरा नंबर पs बा। पाकिस्तान 0 पॉइंट्स के संगे आखिरी नंबर पs बा।

पाकिस्तान के कुवैत 4-0 से हरवलस 

अपना पिछला मैच में भारत के खिलाफ निराशाजनक प्रदर्शन के सामना कइला के बाद, पाकिस्तान बेहतर प्रदर्शन के उम्मीद करत रहे। हालांकि, ओकरा के कुवैत हरा के टूर्नामेंट से बाहर कs देलस। कुवैत ने नेपाल के खिलाफ ग्रुप ए के आपन पहिलके मुकाबला में पहिलही 3-1 से जीत हासिल कs लेले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-