India Advisory : ईरान से तुरंत निकल जाईं’ – युद्धविराम के बीच भारतीय लोगन खातिर नया एडवाइजरी जारी

Israel Iran missile attack

Share

नई दिल्ली। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव के बीच भारत सरकार ईरान में रह रहल अपना नागरिकन खातिर नया एडवाइजरी जारी कइले बिया। हालात के देखत भारतीय दूतावास साफ कहले बा कि सब भारतीय जल्दी से जल्दी सुरक्षित तरीका से ईरान छोड़ देवे।

ईरान में मवजूद भारतीय दूतावास लोगन से अपील कइले बा कि ऊ लोग खाली सुझावल सुरक्षित रास्ता के इस्तेमाल करे। बिना दूतावास के जानकारी आ अनुमति के कवनो अंतरराष्ट्रीय सीमा के ओर बढ़े के कोसिस ना करे के चाहीं। हर कदम पs दूतावास से संपर्क बना के रखल जरूरी बा, ताकि कवनो तरे के खतरा से बचावल जा सके।

एडवाइजरी के संगे दूतावास कइयन गो इमरजेंसी हेल्पलाइन नंबर आ ईमेल आईडी जारी कइले बा, ताकि जरूरत पड़ला पs भारतीय लोग तुरंत मदद ले सके।

पहिले रुकल रहे के सलाह मिलल रहे

एकरा पहिले मंगर के दूतावास भारतीय लोगन के 48 घंटा तक जवना जगह पs लोग रहे, उहवें सुरक्षित रहे के सलाह देले रहे। ओह समय हालात बहुत तनावपूर्ण रहे आ हमला तेज होखे के आशंका जतावल जात रहे।

दरअसल, अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप चेतावनी देले रहस कि जदि ईरान समय सीमा में होर्मुज जलडमरूमध्य ना खोललस, तs गंभीर सैन्य कार्रवाई हो सकेला। एकरा से भारतीय लोग के सुरक्षा के लेकर चिंता बढ़ गइल रहे।

केतना भारतीय फंसल बा लोग

सरकारी आंकड़ा के माेताबिक, 28 फरवरी से सुरू भइल संघर्ष के समय ईरान में करीब 9,000 भारतीय मवजूद रहे लाेग। एमे छात्र, मजदूर आ पेशेवर लोग सामिल बा। अब तक लगभग 1,800 भारतीय सुरक्षित भारत लवट चुकल बा लोग, जबकि बाकी लोगन के जल्दिये बाहर निकाले के कोसिस जारी बा।

हालांकि अमेरिका आ ईरान के बीच दू हफ्ता के सीजफायर घोषित भइल बा, बाकिर हालात अभी पूरा तरे से सामान्य नइखे मानल जा रहल। एह कारण से भारत सरकार कवनो जोखिम लेवे के मूड में नइखे।

सरकार साफ कहले बिया कि नागरिक सतर्क रहे लाेग, अफवाह से दूर रहे आ खाली आधिकारिक जानकारी पs भरोसा करे।

Read Also: Agusta Westland Scam : क्रिश्चियन मिशेल के याचिका खारिज, दिल्ली हाई कोर्ट कहलस- अब रिहाई पs ना होई सुनवाई 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-