IND W vs SA W Final Playing 11 : महिला वर्ल्ड कप के फाइनल में कप्तान हरमनप्रीत एह 11 खिलाड़ियन के संगे खिताबी जीत दर्ज करे के चहिहें 

IND W vs SA W Women’s World Cup 2025 Final probable playing XI, Harmanpreet Kaur to lead India against South Africa.

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आज माने 2 नवम्बर के दिन नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्पोर्ट्स अकादमी में आईसीसी महिला वनडे विश्व कप 2025 के फाइनल मुकाबला में भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच भिड़ंत होखे वाला बा। भारतीय टीम के कमान हरमनप्रीत कौर के हाथ में बा, जबकि लौरा वोल्वार्ड्ट साउथ अफ्रीका टीम के कप्तान बाड़ी।

ई मौजूदा वर्ल्ड कप में भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच दूसरा बेर मुकाबला होखे वाला बा। लीग स्टेज में जब दुनो टीम भिड़ल रहे, तब साउथ अफ्रीका 3 विकेट से जीत गइल रहे। अब भारत के नजर ना खाली खिताब जीतला पs बा, बलुक पिछला हार के बदला लेवे के पड़ी। आईं देखल जाव कि कप्तान हरमनप्रीत फाइनल मैच में कवन 11 खिलाड़ियन के संगे मैदान में उतरे के सोच सकत बाड़ी।

IND W vs SA W Final Playing 11: का कट जाई राधा यादव के पत्ता?

फाइनल मैच खातिर भारतीय टीम में स्पिन ऑलराउंडर स्नेह राणा के वापसी हो सकेला। राणा के जगह राधा यादव के बांग्लादेश आ सेमीफाइनल मुकाबला में मौका मिलल रहे, बाकिर सेमीफाइनल में राधा महंगा साबित भइली (0/66)। एह चलते फाइनल में उनका जगह पs राणा के मौका मिल सकेला।

स्नेह राणा के साउथ अफ्रीका के खिलाफ रिकॉर्ड बढ़िया रहल बा- ऊ 2025 ट्राई सीरीज में 5/43 के सानदार बॉलिंग फिगर हासिल कइले रहली। एहसे राणा के वापसी लगभग तय मानल जा रहल बा।

भारत के प्लेइंग-11 में बड़ बदलाव के संभावना नइखे। संभावित टीम एह तरे हो सकेला-

भारत के संभावित प्लेइंग-11: शेफाली वर्मा, स्मृति मंधाना, जेमिमा रोड्रिग्स,  हरमनप्रीत कौर (कप्तान), दीप्ति शर्मा, ऋचा घोष (विकेटकीपर), अमनजोत कौर, स्नेह राणा, क्रांति गौड़, श्री चरणी आ रेणुका सिंह ठाकुर।

जेमिमा रोड्रिग्स से उम्मीद- फाइनल में खेलले रहली बड़ पारी

जेमिमा रोड्रिग्स सेमीफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ नाबाद 127 रन के ऐतिहासिक पारी खेल के भारत के फाइनल में पहुंचवले रहली। बाकिर लीग स्टेज में साउथ अफ्रीका के खिलाफ ऊ जीरो पs आउट भइल रहली। एह चलते अब सब केहू के नजर उनका ऊपर बा कि ऊ फाइनल में अफ्रीका के लेफ्ट-आर्म स्पिनर क्लो ट्रायोन आ नॉन्कुलुलेको म्लाबा के खिलाफ टिक के खेलिहें आ टीम के जितइहें।

Read Also: Rohan Bopanna Retirement : भारतीय टेनिस स्टार रोहन बोपन्ना पेशेवर टेनिस से संन्यास लेंले, सोशल मीडिया पs लिखलें भावुक पोस्ट

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-