Rohan Bopanna Retirement : भारतीय टेनिस स्टार रोहन बोपन्ना पेशेवर टेनिस से संन्यास लेंले, सोशल मीडिया पs लिखलें भावुक पोस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 2, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के दिग्गज टेनिस खिलाड़ी रोहन बोपन्ना अब पेशेवर टेनिस से रिटायर हो गइल बाड़ें। दू दशक से जादे लमहर करिअर वाला बोपन्ना नया पीढ़ी के खिलाड़ी खातिर हमेशा प्रेरणा रहल बाड़ें। अब

Share

Indian tennis star Rohan Bopanna announces retirement from professional tennis after two decades, shares emotional post on Instagram.

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के दिग्गज टेनिस खिलाड़ी रोहन बोपन्ना अब पेशेवर टेनिस से रिटायर हो गइल बाड़ें। दू दशक से जादे लमहर करिअर वाला बोपन्ना नया पीढ़ी के खिलाड़ी खातिर हमेशा प्रेरणा रहल बाड़ें। अब ऊ अपना प्रोफेशनल करिअर से विदाई लेवे जानकारी खुद इंस्टाग्राम पs एगो भावुक पोस्ट लिख के देलें।

पेरिस मास्टर्स रहे आखिरी टूर्नामेंट

रोहन बोपन्ना आखिरी बार पेरिस मास्टर्स 1000 टूर्नामेंट में खेलले रहस, जहां ऊ अलेक्जेंडर बुब्लिक के संगे जोड़ी बना के उतरल रहलस। एह जोड़ी के जॉन पीयर्स आ जेम्स ट्रेसी से 5-7, 6-2, 10-8 से हार मिलल, आ ऊ राउंड ऑफ-32 से बाहर हो गइल रहस।

2017 में जीतले रहस फ्रेंच ओपन के खिताब

रोहन बोपन्ना भारतीय टेनिस के सबसे सफल खिलाड़ियन में से एगो बाड़ें। ऊ 2017 में गैब्रिएला डाब्रोवस्की के संगे मिल के फ्रेंच ओपन मिक्स्ड डबल्स खिताब जीतले रहस। ई जीत भारत के टेनिस इतिहास में एगो सुनहरा अध्याय बनल।

सोशल मीडिया पs लिखलें दिल छू लेवे वाला पोस्ट

बोपन्ना सोशल मीडिया पs आपन दिल छू लेवे वाला संदेश लिखलें। ऊ लिखलें-


“कइसे अलविदा कहब हम ओह चीज के, जवन हमार जिंदगी के मतलब बनल? 20 बरिस के अविस्मरणीय सफर के बाद अब समय आ गइल बा… हम आधिकारिक रूप से आपन रैकेट टांग रहल बानी। ई सब कुछ अबहियो सपना जइसन लागत बा। भारत के प्रतिनिधित्व कइल हमरा जिनगी के सबसे बड़ सम्मान रहल।”

टेनिस से लगाव अबहियो बाकी बा

बोपन्ना आगे लिखलें कि भलही हम एगो खिलाड़ी के रूप में रिटायर होत बानी, बाकिर टेनिस से हमार रिश्ता अबहियो बाकी बा। हम अब छोट-छोट शहरन के नवहा खिलाड़ी लोगन के मदद कs के ओह लोगन के सपना पूरा कइल चाहत बानी।

Read Also: Bihar News : मनोज तिवारी पs हमला के कोसिस, बोललें- ‘हमनी पs आरजेडी समर्थक हमला कइल लोग, गाड़ी तेज चला के निकले के पड़ल’

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.