IND vs UAE Playing-11: भारत-यूएई मैच आज; कुलदीप-वरुण आ संजू-जितेश में केकरा मिली मौका? दुबे-रिंकू में कशमकश

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एशिया कप टी20 क्रिकेट टूर्नामेंट में भारत 10 सितंबर माने बुध के आपन अभियान के सुरुआत मेजबान संयुक्त अरब अमीरात के खिलाफ करी। एह मैच के लेके सबसे बड़ सवाल इहे बा कि टीम मैनेजमेंट अंतिम एकादश में कवन-कवन खिलाड़ियन के मौका दी आ केकरा बाहर बइठे के पड़ी। हालांकि, टीम प्रबंधन के मुख्य ध्यान ऑलराउंडरन के सहारे संतुलन साधे पs होई। भारतीय टीम खिताब के प्रबल दावेदार बिया। मैच भारतीय समय के मोताबिक बुध रात आठ बजे सुरू होई, जबकि टॉस एकरा से आधा घंटा पहिले माने सांझ साढ़े सात बजे होई।

ऑलराउंडरन के सहारे संतुलन साधे पs जोर

भारतीय टीम अभी तक एह बात पs अंतिम निर्णय नइखे ले पाइल कि यूएई के खिलाफ सुरुआती मुकाबला में उ तीसरका स्पिनर के टीम में सामिल करी भा फेर कवनो विशेषज्ञ तेज गेंदबाज के उतारी। मुख्य कोच गौतम गंभीर के पद संभरला के बादे से भारत लगभग हर फॉर्मेट में ऑलराउंडरन के अहमियत देले बा। एह रणनीति के उद्देश्य बल्लेबाजी के गहराई देहल बा ताकि टीम के लगे आठवां नंबर तक भरोसेमंद बल्लेबाज मौजूद होखे।

पाकिस्तान मैच से पहिले अभ्यास जइसन होई ई मुकाबला

भारतीय टीम के ई पहिला मैच 14 सितंबर के पाकिस्तान के खिलाफ होखे वाला महत्वपूर्ण मुकाबला से पहिले अभ्यास जइसन साबित हो सकत बा। अमीरात के टीम के ऑन पेपर कमजोर मानल जाला, अइसन में ई मैच भारतीय टीम प्रबंधन के ई परखे के मौका दी कि आगे के मैचन खातिर कइसन संयोजन सबसे बेहतर रही।

यूएई खिलाड़ियन खातिर बड़ अवसर

मेजबान यूएई के क्रिकेटरन खातिर ई मुकाबला उनका जिनगी के सबसे अहम मैच साबित हो सकत बा। भारतीय टीम के खिलाफ खेलत जसप्रीत बुमराह के सामना कइल भा फेर शुभमन गिल जइसन बल्लेबाज के गेंदबाजी कइल कवनो एसोसिएट देस के खिलाड़ी खातिर सामान्य बात नइखे। एशिया कप ओह लोगन के अंतरराष्ट्रीय स्तर के माहौल से परिचित कराई आ ओह लोगन के खेल के निखारे के मौका दीही।

विकेटकीपर के पहेली सुलझल

भारतीय टीम में लमहर समय से चलल आ रहल विकेटकीपर के दुविधा फिलहाल सुलझत नइखे लउकत। हालांकि, संजू सैमसन आ जितेश शर्मा में से जितेश के प्राथमिकता दिहल जा सकत बा। सैमसन के विस्फोटक बल्लेबाजी के बादो जितेश के फिनिशर के भूमिका टीम प्रबंधन के जादे उपयुक्त लाग सकत बा।

गिल के वापसी से सैमसन के राह मुश्किल

शीर्ष क्रम में शुभमन गिल के वापसी के कारण सैमसन खातिर प्लेइंग-11 में जगह बनावल मुश्किल हो गइल बा। अब गिल आ अभिषेक शर्मा भारतीय पारी के सुरुआत करी लो। तीसरा नंबर के इस्थिति पs तिलक वर्मा सानदार प्रदर्शन कs के आपन जगह मजबूत कइले बाड़ें। इहे वजह बा कि ऊ टी20 विश्व रैंकिंग में दूसरका स्थान पs पहुंच चुकला बाड़ें। कप्तान सूर्यकुमार यादव तीसरा भा चउथा नंबर पs बल्लेबाजी कs सकत बाड़ें।

ऑलराउंडरन पs टिकल बा निगाह

शीर्ष आ मध्यक्रम के बाद बारी ऑलराउंडरन के आवेला। इहां हार्दिक पांड्या के भूमिका अहम हो जाला। ऊ टीम के एगो कुशल बल्लेबाज आ एगो भरोसेमंद तेज गेंदबाज दूनो विकल्प देवेलें। एकरा अलावे शिवम दुबे बाएं हाथ से बल्लेबाजी करेलें आ धीमा पिचन पs स्पिन गेंदबाजन के खिलाफ बड़ शॉट खेले में माहिर बाड़ें। हालांकि, मीडिया रिपोर्ट्स में रिंकू सिंह के मौका मिले के बात चल रहल बा।

निचला क्रम के संतुलन

नंबर सात पs विकेटकीपर-बल्लेबाज जितेश शर्मा फिट बइठत बाड़ें, खास कs के उनकर आरसीबी खातिर आईपीएल में कइल गइल दमदार प्रदर्शन के देखते। एकरा बाद अक्षर पटेल आवेले, जे टीम के एगो उपयोगी स्पिनर के संगे-संगे बल्लेबाजियो में जोगदान देवे के भरोसा देलें।

गेंदबाजी विभाग के मजबूती

तेज गेंदबाजी में जसप्रीत बुमराह आ अर्शदीप सिंह के जगह लगभग तय मानल जा रहल बा। दूनो के चयन से गेंदबाजी आक्रमण के मजबूती मिलत बा आ खाली एगो स्थान चयन खातिर बचत बा। सितंबर में एशिया कप खेलल जाये के मतलब बा कि दुबई इंटरनेशनल स्टेडियम के पिच मार्च के तुलना में जादे हरल-भरल आ ताजा होई, जेमे उछालो जादे होई।

दुबई के पिच आ स्पिनरन के इस्थिति

मार्च में इहां चैंपियंस ट्रॉफी के दौरान भारत रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव आ वरुण चक्रवर्ती जइसन चार स्पिनरन के खेलवले रहे। हालांकि, अबकि बेर परिस्थिति बदलल बा। जदि टीम प्रबंधन अक्षर के संगे कवनो आउर स्पिनर के सामिल करे के फैसला करत बा, तs ओकरा लगे कुलदीप आ चक्रवर्ती जइसन दुगो अच्छा विकल्प मवजूद बा। एकरा अलावे अभिषेक बायां हाथ से स्पिन करा सकत बाड़ें।

यूएई टीम खातिर सुनहरा मौका

मेजबान यूएई खातिर ई टूर्नामेंट आपन क्षमता साबित करे के सुनहरा अवसर बा। उनका खिलाड़ी जइसे मुहम्मद वसीम, राहुल चोपड़ा आ सिमरनजीत सिंह, अनुभवी कोच लालचंद राजपूत के मार्गदर्शन में आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन देवे के तइयार बा। ई प्रतियोगिता उनका खातिर एशिया के शीर्ष टीमन के सोझा आपन प्रतिभा दिखावे के एगो बेहतरीन मंच होई।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल (उपकप्तान), अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, जितेश शर्मा (विकेटकीपर), शिवम दुबे/रिंकू सिंह, अक्षर पटेल, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह, वरुण चक्रवर्ती/कुलदीप यादव।

संयुक्त अरब अमीरात: मुहम्मद वसीम (कप्तान), अलीशान शराफू , आसिफ खान, अर्यांश शर्मा, राहुल चोपड़ा (विकेटकीपर), सिमरनजीत सिंह, ध्रुव पराशर, जुनैद सिद्दीकी, मुहम्मद जवादुल्लाह, मुहम्मद फारूक, मतीउल्लाह खान।

Read Also: Bhojpuri : साहित्यकार मनोज भावुक के मिलल ‘पाती अक्षर सम्मान’, भोजपुरी भाषा के वैश्विक प्रचार-प्रसार खातिर जोगदान के सम्मान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-