[the_ad_group id="30365"]

Bhojpuri : साहित्यकार मनोज भावुक के मिलल ‘पाती अक्षर सम्मान’, भोजपुरी भाषा के वैश्विक प्रचार-प्रसार खातिर जोगदान के सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बलिया। भोजपुरी के प्रख्यात साहित्यकार, कवि, संपादक, फिल्म गीतकार, टीवी प्रस्तोता आ सिनेमा इतिहासकार मनोज भावुक (Manoj Bhawuk) के बरिस 2025 के ‘पाती अक्षर सम्मान’ प्रदान कइल गइल। ई सम्मान विश्व भोजपुरी सम्मेलन आ पाती रचना मंच के ओर से संयुक्त रूप से आयोजित 13वां अधिवेशन में दिहल गइल।

07 सितंबर 2025 के टाउन हॉल, बलिया में आयोजित भव्य समारोह में प्रोफेसर सदानंद शाही और पाती पत्रिका के संपादक डॉ. अशोक द्विवेदी उनका के प्रशस्ति पत्र, अंगवस्त्र, स्मृति चिन्ह आ पुरस्कार राशि देके सम्मानित कइल लोग।

भोजपुरी साहित्य आ सिनेमा में अविस्मरणीय जोगदान

मनोज भावुक के ई सम्मान भोजपुरी साहित्य, सिनेमा आ मीडिया जगत में उनकर बहुमूल्य जोगदान आउर पूरा दुनिया में भोजपुरी भाषा के प्रचार-प्रसार खातिर दिहल गइल। बिदेस में रहला के बादो ऊ भोजपुरी लेखन जारी रखलें आ युगांडा आउर लंदन में नौकरी छोड़के पूरा तरे भोजपुरी सेवा में समर्पित हो गइलें।

आज ऊ भोजपुरी साहित्य, संगीत, सिनेमा, टेलीविजन, ओटीटी, ब्लॉगिंग, संपादन आ पत्रकारिता- हर क्षेत्र में भोजपुरी के पहचान के प्रतीक के रूप में स्थापित बाड़ें।

आउर सम्मानित हस्ती

एह अवसर पs बरिस 2025 खातिर गिरिडीह पीजी कॉलेज के प्राचार्य डॉ. बलभद्र, कवि मिथिलेश गहमरी आ बरिस 2024 खातिर लंगट सिंह कॉलेज के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डॉ. जयकांत सिंह ‘जय’ के ‘पाती अक्षर सम्मान’ से नवाजल गइल।

मनोज भावुक के भावपूर्ण वक्तव्य

सम्मान पाके कवि मनोज भावुक कहलें –
“सम्मान माने भरोसा। भरोसा खातिर आभार। सम्मान माने जिम्मेदारी, त जेतना सँपरी, जेतना औकात बा, कोशिश करब।”

Read Also: Bihar Politics : प्रशांत किशोर एह 6 नेता पऽ जतवलें भरोसा, 243 विधानसभा सीट खातिर प्लान तइयार

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]