IND vs UAE : मात्र 27 गेना में लक्ष्‍य हासिल कs के भारत रचलस इतिहास, दर्ज कइलस T20I के सबसे बड़ जीत

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। India vs UAE: भारत एशिया कप 2025 में अपना पहिलका मुकाबला में इतिहास रच देलस। 10 सितंबर के दुबई में खेलल गइल मैच में टीम इंडिया यूएई के 9 विकेट से हरवलस आ T20I में गेना के बाकी रहला के ममिला में अपनी सबसे बड़ी जीत दर्ज की।

यूएई के टीम पहिले बल्लेबाजी करत महज 57 रन पs ढेर हो गइल। शिवम दुबे आ कुलदीप यादव गेंदबाजी में कमाल के प्रदर्शन कइलें। दुबे तीन तs कुलदीप चार विकेट चटकवलें। एकरा बाद सूर्यकुमार यादव के कप्तानी वाली टीम इंडिया लक्ष्य के महज 4.3 ओवर (27 गेना) में हासिल कs लेलें। ई मैच टीम इंडिया 93 गेना बाकी रहत आपन नावे कs के एगो नया इतिहास लिख देलस।

IND vs UAE: भारत के T20I में सबसे बड़ जीत

दरअसल, भारत (India National Cricket Team) के सबसे बड़ T20I (Biggest Win in T20I in terms of Ball remaining) जीत साल 2021 टी20 विश्व कप में स्कॉटलैंड के खिलाफ आइल रहे, जब ऊ 81 गेना शेष रहते जीत दर्ज कइले रहे, बाकिर ई रिकॉर्ड के एशिया कप 2025 में यूएई के खिलाफ खेलल गइल मैच में भारत तुड़ देलस आ 93 गेना बाकी रहते टी20I में आपन सबसे बड़ जीत हासिल कइलें।

भारत के सबसे बड़ T20I जीत (गेना शेष रहला के आधार पs)

  • 93 गेना – भारत बनाम यूएई, दुबई 2025
  • 81 गेना – भारत बनाम स्कॉटलैंड, दुबई 2021
  • 64 गेना – भारत बनाम बांग्लादेश, हांगझोउ 2023
  • 59 गेना– भारत बनाम यूएई, मीरपुर 2016

IND vs UAE: कइसन रहल मैच के हाल?

एशिया कप 2025 में भारत बनाम यूएई (Ind vs Uae Asia Cup 2025) मैच में पहिले बैटिंग करत यूएई के पारी के आगाज अलीशान शराफू (17 गेना पs 22 रन) आ वसीम मुहम्मद (22 गेना पs 19 रन) कुछ चौका लगाके कइलें, बाकिर स्पिनरन के आवतही मध्य क्रम बिखर गइल।

चाइनामैन कुलदीप यादव कमाल के खेल दिखवलें आ 2.1 ओवर में खाली 7 रन देके 4 विकेट झटकलें। उनका शिवम दुबे के साथ मिलन, जे 4 रन देके तीन विकेट लेलें आ यूएई के टीम तितर-बितर हो गइल।

13.1 ओवर में खाली 57 रन पs यूएई के टीम ऑलआउट हो गइल। एकरा जवाब में 58 रन के आसान लक्ष्य के पीछा करत भारत तेजी से जीत हासिल कइलस। सलामी बल्लेबाज अभिषेक शर्मा 16 गेना में 2 चौका आ 3 छक्कन के संगे 30 रन बनाके सानदार सुरुआत कइलें।

उपकप्तान शुभमन गिल खाली 9 गेना में नाबाद 20 रन बनवलें। कप्तान सूर्या 2 गेना पs 7 रन के नाबाद पारी खेललें आ भारत 4.3 ओवर में 60/1 रन बनाके जीत दर्ज कइलस।

Read Also: Share Market: मामूली गिरावट के संगे खुलल घरेलू शेयर बाजार, बाद में पकड़लस रफ्तार; हरियर निशान पs सेंसेक्स-निफ्टी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-