[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup : रोहित शर्मा आ विराट कोहली के कारण स्‍टेडियम बा खाली, पूर्व क्रिकेटर कइलें दावा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। भारतीय टीम के पूर्व क्रिकेटर आकाश चोपड़ा Asia Cup में अतवार के भारत-पाकिस्‍तान मैच के सब टिकट ना बिकइला के पीछे के वजह बतवलें बाड़ें। चोपड़ा कहलें कि रोहित शर्मा आ विराट कोहली के गैरमौजूदगी एकर बड़ कारण बा।

चोपड़ा कहलें कि रोहित शर्मा आ विराट कोहली दूनो फैंस के चहेता बा लोग आ एह खिलाड़ियन के देखे खातिर फैंस स्‍टेडियम में आवेला लोग। हालांकि, एह लोगन के गैरमौजूदगी के असर टिकट बिक्री पs साफ दिख रहल बा।

आकाश चोपड़ा का कहलें

जब विराट कोहली रणजी ट्रॉफी मैच खेले गइलें तs स्‍टेडियम लगभग भर गइल रहे। उनकर गैरमौजूदगी ओह बड़ कारणन में से एगो बा कि जल्‍दी टिकट काहे नइखे बिकत।

चोपड़ा ध्‍यान दिलवलें कि यूएई में क्रिकेट फैंस जल्‍दी स्‍टेडियम भरेला लोग, बाकिर अबकि बेर मैदान खाली बा। बांग्‍लादेश, भारत आ अफगानिस्‍तान आपन मैच खेल चुकल बा, बाकिर स्‍टेडियम में दर्शकन के हुजूम देखे के नइखे मिलत।

चोपड़ा स्‍पष्‍ट कइलें कि टिकट के दाम महंगा होखला के कारण अइसन नइखे। अइसनो नइखे कि सप्‍ताह के दिनन में लोगन के मैच स्‍टेडियम में आके देखे में तकलीफ होखे।

दू खिलाड़‍ियन के कारण…

आकाश चोपड़ा ध्‍यान दिलवलें कि कइसे रोहित शर्मा आ विराट कोहली अपना खेले वाला दिनन में फर्क दिखावत रहे लोग। ऊ कहलें, ‘जदि ई दूनो खिलाड़ी रहित लोग तs स्‍टेडियम में दोहरी संख्‍या में लोग नजर आइत। मान लीं कि अगर 5,000 लोग सुरुआत में आइल तs जदि रोहित-कोहली खेलित तs कम से कम दर्शकन के संख्‍या 10 से 15 हजार होखित। ओह लोगन के व्‍यक्तिगत तौर पs देखे के दुर्लभ मौका मिलित आ एह लोगन के गैरमौजूदगी के ई प्रभाव हs।’

बता दीं कि भारतीय टीम एशिया कप में अपना अभियान के विजयी सुरुआत कइलस। सूर्यकुमार यादव के नेतृत्‍व वाली भारतीय टीम अपना पहिला मैच में यूएई के 9 विकेट से मात देलस। अब टीम इंडिया के 14 सितंबर के चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्‍तान से मुकाबला होई।

Read Also: IND vs UAE : मात्र 27 गेना में लक्ष्‍य हासिल कs के भारत रचलस इतिहास, दर्ज कइलस T20I के सबसे बड़ जीत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]