[the_ad_group id="30365"]

Share Market: मामूली गिरावट के संगे खुलल घरेलू शेयर बाजार, बाद में पकड़लस रफ्तार; हरियर निशान पs सेंसेक्स-निफ्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेस डेस्क। अमेरिकी फेडरल रिजर्व के ओर से अगिला हफ्ता ब्याज दरन में कटौती के उम्मेद के बीच एशियाई बाजारन में तेजी देखल गइल। एकरा चलते बियफे के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क इक्विटी सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी (Share Market) बढ़त के संगे कारोबार करत रहे। भारत-अमेरिका व्यापार वार्ता के सफल समापन के लेके नया उत्साह बाजारन के सकारात्मक दायरा में बनल रहे में मदद कइलस। सुरुआती कारोबार में 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 153.82 अंक चढ़के 81,578.97 पs पहुंच गइल। अइसही 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 34.15 अंक बढ़के 25,007.25 पs आ गइल।

केकर फायदा-केकर नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियों में इटरनल, अदाणी पोर्ट्स, एनटीपीसी, बजाज फाइनेंस, भारतीय स्टेट बैंक आ बजाज फिनसर्व हरियर निशान पs दिखाई देलस। हालांकि, इंफोसिस, टेक महिंद्रा, अल्ट्राटेक सीमेंट आ कोटक महिंद्रा बैंक पिछड़त नजर आइल। एक्सचेंज के आंकड़न के अनुसार, बुध के एक दिन के राहत के बाद बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) 115.69 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लोग। हालांकि, घरेलू संस्थागत निवेशक (डीआईआई) पिछिला दिन 5,004.29 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लोग।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

 

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक आ शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक सकारात्मक दायरा में कारोबार करत रहे, जबकि हांगकांग के हैंग सेंग कमजोर रहल। अमेरिकी बाजार बुध के मिलल-जुलल रुख के संगे बंद भइल रहे। वैश्विक तेल बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.07 प्रतिशत गिरके 67.44 डॉलर प्रति बैरल पs आ गइल।

का कहत बा लोग विशेषज्ञ?

जियोजित इन्वेस्टमेंट्स लिमिटेड के मुख्य निवेश रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलें, ‘भारत के लचीला मैक्रो-इकोनॉमिक परिदृश्य आ एह साल लागू कइल गइल व्यापक सुधारन, खास कs के जीएसटी सुधार अर्थबेवस्था के अभूतपूर्व बढ़न्ती के शिखर पs पहुंचा देले बा।

मेहता इक्विटीज लिमिटेड के वरिष्ठ उपाध्यक्ष (शोध) प्रशांत तापसे कहलें, ‘अमेरिका-भारत व्यापार समझौता के उम्मेद आ अमेरिका में कमजोर पीपीआई के कारण एसएंडपी 500 आ नैस्डैक के रिकॉर्ड उच्च स्तर पs पहुंचला से तेज रफ्तार बरकरार बा।’

बीतल दिन कइसन रहल रहे बाजार के हाल?

एकरा पहिले बुध के सेंसेक्स 323.83 अंक भा 0.40 प्रतिशत चढ़के 81,425.15 पs बंद भइल रहे। ई लगातार तीसरका दिन बढ़त के संगे बंद भइल रहे। अइसही निफ्टी 104.50 अंक भा 0.42 प्रतिशत बढ़के 24,973.10 पs पहुंच गइल रहे।

Read Also: Hongkong Open : पीवी सिंधू कइली निराश, निचला रैंकिंग वाली दानिश खिलाड़ी से हारके भइली बाहर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]