स्पोर्ट्स डेस्क। ग्रुप चरण में चारो मैच जीत के सुपर-8 में पहुंचल भारतीय टीम के सामने अब अतवार के बड़ चुनौती बा। टी20 वर्ल्ड कप में भारत के सामना दक्षिण अफ्रीका से होई, जवन सेमीफाइनल के राह तय कs सकेला। भारत खिताब बचावे के मजबूत दावेदार जरूर बा, बाकिर असली इम्तिहान अब सुरू होत बा।
दक्षिण अफ्रीका के गेंदबाजी आक्रमण बहुते मजबूत बा, जवना में कगिसो रबाडा, लुंगी एनगिडी, मार्को यानसेन, केशव महाराज आ एडेन मार्करम जइसन गेंदबाज सामिल बा लाेग।
बल्लेबाजी में सुधार जरूरी
पिछिला कुछ महीना में भारत आ दक्षिण अफ्रीका छठवां बेर आमने-सामने हो रहल बा। भारत के ग्रुप स्टेज में खास दिक्कत ना आई, बाकिर टीम जानत बिया कि बल्लेबाजी में आउर सुधार जरूरी बा।
अभिषेक शर्मा के फॉर्म चिंता के विषय बनल बा, तs तिलक वर्मा के लय अब तक खास प्रभावशाली नइखे रहल। पाकिस्तान, नामीबिया आ नीदरलैंड के खिलाफ उनकर रन धीमा रहल बा। स्ट्राइक रेटो करिअर औसत से नीचे बा। कप्तान सूर्यकुमार यादव अमेरिका के खिलाफ सानदार पारी खेलला के बाद लगातार रन नइखन बना सकल।
गेंदबाजी भारत के ताकत
भारत के सबसे मजबूत पक्ष ओकर गेंदबाजी बा। जसप्रीत बुमराह आ वरुण चक्रवर्ती के आठ ओवर विपक्षी टीम खातिर खतरनाक साबित हो रहल बा।
वरुण चक्रवर्ती चार मैच में नव विकेट ले चुकल बाड़ें आ उनकर इकोनॉमी रेट 5.16 बा। बुमराहाे जबरदस्त किफायती गेंदबाजी करत बाड़ें, प्रति ओवर करीब छव रन देत बाड़ें। एह वजह से भारत अभियो खिताब के बड़ दावेदार मानल जा बा।
मैच से जुड़ल जरूरी जानकारी
भारत बनाम दक्षिण अफ्रीका मैच कब होई?
22 फरवरी, अतवार
मैच कहां खेलल जाई?
अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में
मैच के समय का बा?
सांझ 7:00 बजे से मुकाबला सुरू होई
टॉस: सांझ 6:30 बजे
लाइव कहां देख सकत बानी?
टी20 वर्ल्ड कप के लाइव प्रसारण स्टार स्पोर्ट्स चैनल पs होई।
लाइव स्ट्रीमिंग जियोहॉटस्टार ऐप पs देख सकत बानी।







