IND vs SA Super-8: ग्रुप स्टेज में अजेय रहल दुन्नो टीमन के सीधा टक्कर आज, केकर विजय रथ थमी? पिच आ मौसम के का बा हाल

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। टी20 विश्व कप 2026 के सुपर-8 चरण में भारत के मुकाबला दक्षिण अफ्रीका से होखे जा रहल बा। ई हाईवोल्टेज मैच 22 फरवरी के अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। कप्तान सूर्यकुमार यादव के अगुवाई में टीम इंडिया जीत के लय बरकरार रखे के इरादा से उतरी, तs साउथ अफ्रीका पूरा आत्मविश्वास के संगे चुनौती दी।

ई मुकाबला अतवार के सांझ 7 बजे से सुरू होई, जबकि टॉस सांझ 6:30 बजे होई। ग्रुप स्टेज में दुन्नो टीम आपन-आपन सब मैच जीत के सुपर-8 में पहुंचल बाड़ी सs। एकरा से ई मैच खाली अंक तालिका खातिर ना, बलुक मनोवैज्ञानिक बढ़त खातिरो बहुते अहम मानल जा रहल बा। आज दुन्नो में से कवनो एक टीम के विजय रथ जरूर रुकी।

बल्लेबाजन के बीच होई जंग

भारतीय बल्लेबाज जबरदस्त फॉर्म में बा लोग। ईशान किशन चार मैच में 202 के ताबड़तोड़ स्ट्राइक रेट से 176 रन ठोकले बाड़ें। कप्तान सूर्यकुमार यादव 162 रन बनाके टीम के मजबूत आधार देले बाड़ें। दुन्नो बल्लेबाज सुरू से गेंदबाजन पs दबाव बनावे में माहिर बा लोग।

दूसरका ओर, दक्षिण अफ्रीका के कप्तान एडेन मार्करम सानदार लय में बाड़ें। चार मैच में 178 रन आ 187 के स्ट्राइक रेट के संगे ऊ टीम के अगुवाई कs रहल बाड़ें। क्विंटन डिकॉक, डेविड मिलर जइसन अनुभवी खिलाड़ी आ रेयान रिकेल्टन के तूफानी बल्लेबाजी मैच के रुख पलट सकेला।

गेंदबाजी के संतुलन

भारत के गेंदबाजी आक्रमणो असरदार रहल बा। वरुण चक्रवर्ती चार मैच में 9 विकेट लेके बल्लेबाजन खातिर पहेली बनल बाड़ें। जसप्रीत बुमराह आ कुलदीप यादव टीम के ताकत बढ़ा रहल बा लोग। ओहिजा, साउथ अफ्रीका के कगिसो रबाडा आ एनरिक नोर्त्जे जइसन तेज गेंदबाज भारतीय बल्लेबाजी पs लगाम लगावे के कोसिस करी लोग।

पिच आ मौसम रिपोर्ट

अहमदाबाद के पिच आमतौर पs बल्लेबाजन के मददगार रहेला। इहां चौका-छक्का के बरसात देखे के मिलेला। पहिला पारी के औसत स्कोर करीब 173 रन, जबकि दूसरका पारी में 151 रन रहेला। मौसम साफ रहला के उम्मेद बा, बरखा के कवनो संभावना नइखें- अइसन में दर्शकन के पूरा 40 ओवर के रोमांच मिले वाला बा।

दुन्नो टीम संतुलित आ आत्मविश्वास से भरल बाड़ी सs। भारत आपन आक्रामक बल्लेबाजी आ विविधता भरल गेंदबाजी पs भरोसा करी, तs साउथ अफ्रीका मार्करम के नेतृत्व में कड़ा टक्कर देवे खातिर तइयार बा। ई मुकाबला सुपर-8 के दिशा तय करे वाला साबित हो सकेला।

संभावित टीम

भारत : सूर्यकुमार यादव (कप्तान), अक्षर पटेल, संजू सैमसन, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, ईशान किशन, शिवम दुबे, वाशिंगटन सुंदर, जसप्रीत बुमराह, वरुण चक्रवर्ती, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, रिंकू सिंह, मोहम्मद सिराज।

दक्षिण अफ्रीका : एडेन मार्करम (कप्तान), क्विंटन डिकॉक, देवाल्ड ब्रेविस, डेविड मिलर, मार्को जेनसन, केशव महाराज, कगिसो रबाडा, क्वेना मफाका, लुंगी एनगिडी, जेसन स्मिथ, जॉर्ज लिंडे, कॉर्बिन बॉश, एनरिक नोर्त्जे, ट्रिस्टन स्टब्स, रेयान रिकेल्टन।

Read Also : 22 फरवरी 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-