स्पोर्ट्स डेस्क। कोलकाता के ईडन गार्डन्स में दक्षिण अफ्रीका से 30 रन के हार के बाद गावस्कर भारतीय बल्लेबाजन के जमके फटकरलें। भारत 124 रन के आसान लक्ष्य के पीछा ना कs सकल आ 93 रन पs ऑलआउट हो गइलें। कप्तान शुभमन गिल गर्दन में दिक्कत के चलते दुसरका पारी में उतर ना सकलें आ भारत खाली 10 बल्लेबाजन के संगे उतरल।
गावस्कर कहलें-
“हमनी के कइयन गो खिलाड़ी घरेलू क्रिकेट ना खेलेला लोग। जदि रणजी खेलले रहित लोग, तs ओकरा जइसन पिच पs तइयार रहित लोग।”
घरेलू क्रिकेट से दूरी पs उठवलें सवाल
गावस्कर कहलें कि घरेलू स्तर पs टीम अंक खातिर संघर्ष करेली सs, एही चलते ओहिजा पिच पs टर्न आ पकड़ बढ़िया मिलेला। बाकिर भारतीय खिलाड़ी वर्कलोड मैनेजमेंट के बहाना बना के रणजी खेले से बचेला लोग।
ऊ सवाल उठवलें—
“केतना खिलाड़ी रणजी ट्रॉफी खेलला लोग? केहू ना। सब केहू वर्कलोड बतावत बा। असल में ऊ लोग खेलले ना चाहेला।”
टीम प्रबंधन के सलाह
गावस्कर साफ कहलें कि—
“टीम में ओही खिलाड़ी के मौका मिले के चाहीं, जदि घरेलू क्रिकेट खेलेला। जदि पिच घूमत बा, तs ओह खिलाड़ी के खेले के चाहीं जे घरेलू क्रिकेट में ओकरा पs खेलले होखे।”
ऊ कहलें कि अंतरराष्ट्रीय स्तर पs खेलल खिलाड़ी जदि घरेलू पिच पs ना खेले, तs ओकर एही तरह के हाल होई।
भारत सीरीज बराबर करे के चाही
अब सीरीज के दोसर आ आखिरी टेस्ट शनिवार से गुवाहाटी में खेले जाए वाला बा। टीम इंडिया चाहेले कि कोलकाता वाला खराब प्रदर्शन भुला के सीरीज बराबर करे। बल्लेबाजी में सुधार जरूरी हो गइल बा, जवन ईडन गार्डन्स पर पूरी तरह खुल गइल।
Read Also: Delhi Blast Case : अल-फलाह यूनिवर्सिटी पs ED के छापा, 4 राज्य में 30 ठिकानन पs रेड







