Delhi Blast Case : अल-फलाह यूनिवर्सिटी पs ED के छापा, 4 राज्य में 30 ठिकानन पs रेड

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2025

नई दिल्ली। अल-फलाह यूनिवर्सिटी से जुड़ल ममिला में आज ईडी के टीम दिल्ली, हरियाणा, मध्य प्रदेश आ आउर कइयन गाे राज्य में छापेमारी करत बिया। अल-फलाह यूनिवर्सिटी पs पहिलही से मनी लॉन्ड्रिंग के मुकदमा दर्ज

Share

NIA reveals 20 lakh funding and money dispute among terrorists in Delhi blast case

नई दिल्ली। अल-फलाह यूनिवर्सिटी से जुड़ल ममिला में आज ईडी के टीम दिल्ली, हरियाणा, मध्य प्रदेश आ आउर कइयन गाे राज्य में छापेमारी करत बिया। अल-फलाह यूनिवर्सिटी पs पहिलही से मनी लॉन्ड्रिंग के मुकदमा दर्ज बा। महू में यूनिवर्सिटी के चेयरमैन जवाद अहमद के पुरान घर, फरीदाबाद में अल-फलाह कैंपस, ओखला में ट्रस्ट के ऑफिस सहित कुल 30 ठिकानन पs ताबड़तोड़ रेड चल रहल बा।

एही केस में अभी ले NIA दुगो आदमी के गिरफ्तार कइले बिया। कहल जाला कि ई लोग कथित तौर पs आत्मघाती हमलावर डॉ. उमर नबी के नजदीकी साथी रहे।

अल-फलाह यूनिवर्सिटी आ दिल्ली ब्लास्ट के कनेक्शन?

10 नवंबर 2025 के दिन दिल्ली के लाल किला मेट्रो स्टेशन के लगे खड़ा एगो सफेद हुंडई i20 कार में जोरदार धमाका भइल। एह विस्फोट में कम से कम 13 लोग के मौत हो गइल आ कइयन गो लाेग जख्मी भइल। जांच में ई विस्फोट एगो आतंकी मॉड्यूल से जुड़ल निकलल, जवना के जांच NIA आ दिल्ली पुलिस कs रहल बिया।

पुलिस के जांच में सामने आइल कि एह घटना में जे लोग सामिल रहे, ऊ सब डॉक्टर लोग बा। इहो बात सामने आइल कि मुख्य आतंकी उमर, जवन एह धमाका में सामिल रहे, ऊ अल-फलाह यूनिवर्सिटी में प्रोफेसर रहे। हालांकि, यूनिवर्सिटी अपना ऊपर लागल सब आरोप के खारिज कइले बिया आ कहलस कि ओकर कैंपस के इस्तेमाल कवनो आतंकी गतिविधि खातिर ना भइल बा।

Read Also: Chhapra News : आज एकमा में 7 घंटा के बिजली कटौती, मेंटेनेंस खातिर आज 10 बजे से 5 बजे तक बंद रही लाइट

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.