IND vs SA : ICU में भरती भइलें कप्तान Shubman Gill, गर्दन में तेज दर्द के चलते कोलकाता टेस्ट से बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। कप्तान शुभमन गिल के तबियत सनिचर के रात अचानक बिगड़ गइल। गर्दन में दर्द बढ़ला पs उनका के तत्काल अस्पताल ले जाइल गइल। कुछ घंटा पहिले, पहिला टेस्ट के दूसरका दिन बल्लेबाजी करत

Share

Shubman Gill ICU Update: IND vs SA Kolkata Test Injury News

स्पोर्ट्स डेस्क। कप्तान शुभमन गिल के तबियत सनिचर के रात अचानक बिगड़ गइल। गर्दन में दर्द बढ़ला पs उनका के तत्काल अस्पताल ले जाइल गइल।

कुछ घंटा पहिले, पहिला टेस्ट के दूसरका दिन बल्लेबाजी करत घरी उनकर गर्दन में तेज झटका लागल रहे, जवना के चलते ऊ रिटायर्ड हर्ट हो गइल रहस। बीसीसीआई गिल के हेल्थ पs अपडेट जारी कइले बिया। एकरा मोताबिक, ऊ पहिला टेस्ट से बाहर हो गइल बाड़े। अब 22 नवंबर से गुवाहाटी में खेलल जाये वाला दूसरका टेस्ट में उनका खेललो पs संदेह बरकरार बा।

शुभमन गिल के चोट कइसे लागल?

26 बरिस के शुभमन गिल साइमन हार्मर के गेना पs स्लॉग स्वीप मारत समय झटका महसूस कइलें। सुरुआत में ई चोट गंभीर ना लागल, फिजियो तुरंत इलाज कइलें, बाकिर दिन बीतला के संगे दर्द बढ़त गइल।

सांझ होत-होत हालात एतना खराब भइल कि स्ट्रेचर पs उनका के स्टेडियम से बाहर ले जाइल गइल। गर्दन में सपोर्ट खातिर सर्वाइकल कॉलर लगावल गइल आ मेडिकल टीम सीधा अस्पताल ले गइल।

Gill के हेल्थ अपडेट

Rev Sportz के रिपोर्ट अनुसार, शुभमन गिल पs कइयन गो टेस्ट भइल बा आ मांसपेशी के ऐंठन कम करे वाला दवाइयो दिहल गइल। रात भर ICU में डॉक्टर लोग उनका के निगरानी में राखल।

सुरुआती संकेत बता रहल बा कि ठीक होखे में कुछ दिन लागी, एकरा चलते दूसरका टेस्ट में उनकर खेलल लगभग असंभव मानल जा रहल बा।

अब कप्तानी करिहें Rishabh Pant

दूसरका पारी में दक्षिण अफ्रीका बल्लेबाज सुरू कइल लोग तs ऋषभ पंत के कार्यवाहक कप्तान बनावल गइल। ई साफ इशारा बा कि टीम मैनेजमेंट गिल के जल्दी वापसी के उम्मीद फिलहाल नइखे करत। गिल भारत के दूसरका पारी में तबे उतरिहें जब मैच के इस्थिति बहुते गंभीर हो जाई।

Coach Morne Morkel के बयान

गेंदबाजी कोच मोर्ने मोर्केल प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहलें- “ई चोट वर्कलोड से जुड़ल नइखे लागत। पहिले एह बात के समझे के जरूरत बा कि गर्दन में दिक्कत आखिर कइसे भइल। हो सकेला रात में नींद ठीक से नइखे आइल। ऊ बहुते फिट खिलाड़ी हवें आ खुद के बढ़िया से संभारेलें।”

BCCI के अपडेट

कप्तान शुभमन गिल के गर्दन में टेस्ट के दौरान चोट लागल। दिन खत्म होखला पs उनका के अस्पताल ले जाइल गइल। फिलहाल ऊ ICU में चिकित्सकन के निगरानी में बाड़ें। बोर्ड साफ कs देलस कि गिल अब बाकी टेस्ट में हिस्सा ना लिहें।

Read Also: India A vs Pakistan A Live Streaming : फ्री में कइसे देख सकेनी इंडिया-ए बनाम पाकिस्तान-ए के लाइव मैच? वैभव सूर्यवंशी पs रही नजर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.