IND vs PAK Football: भारत पाकिस्तान के 4-0 से परास्त कइलस; कप्तान सुनील छेत्री बरसवलें गोल, लगवलें हैट्रिक

Share

सैफ चैंपियनशिप में भारतीय फुटबॉल टीम जीत के संगे सुरुआत कइलस। ऊ बेंगलुरु के श्रीकांतीरावा स्टेडियम में बुध (21 जून) के चिर-प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के 4-0 से परास्त कs देलस। भारत खातिर एह मैच के हीरो कप्तान सुनील छेत्री रहलें। ऊ सानदार प्रदर्शन करते पाकिस्तान पs गोलन के बरखा कs देलें। छेत्री हैट्रिक गोल दगले। उनका अलावे उदांता सिंह एगो गोल कइलें।

भारतीय टीम सुरूए से पाकिस्तान पs दबाव बनाके रखलस। ऊ पहिलके हाफ में दू गो गोल कs देलस। भारतीय कप्तान सुनील छेत्री 10वां मिनट में पहिला गोल कइलें। एकरा बाद ऊ 16वां मिनट में दूसरका गोल पेनल्टी पs कइलें। हाफटाइम तक स्कोर भारत के पक्ष में 2-0 रहल। टीम इंडिया एतने पs ना रुकल। ऊ दूसरका हाफ में सुरुआते से दबाव बनाके रखलस आ पाकिस्तानी खिलाड़ियन के छकवलें। 74वां मिनट में छेत्री पेनल्टी के ना गंववलें। ऊ एगो आउर गोल कs के आपन हैट्रिक पूरी कs लेलें। छेत्री के बाद उदांता सिंह 81वां मिनट में गोल कs स्कोर 4-0 कs देलें।

सुनील छेत्री आ भारतीय टीम के आउर खिलाड़ी- फोटो : सोशल मीडिया

भारत के रैंकिंग टूर्नामेंट में सबसे बेहतर

सैफ चैंपियनशिप के 14वां संस्करण में भाग ले रहल आठ टीम के दु ग्रुप में बांटल गइल बा। ग्रुप A में भारत के संगे कुवैत, नेपाल आ पाकिस्तान के टीम बाड़ी सs। ओहिजा, ग्रुप B में लेबनान, मालदीव, भूटान आए बांग्लादेश बा। सुनील छेत्री के नेतृत्व वाली भारतीय टीम एह टूर्नामेंट में फीफा के सबसे बढ़िया रैंक वाली टीम हियs। फीफा रैंकिंग में टीम इंडिया 101वां स्थान पs बिया। ओहिजा, एह टूर्नामेंट में खेल रहल टीमन में सबसे खराब रैंकिंग पाकिस्तान के बा। पाकिस्तान फीफा रैंकिंग में 195वां स्थान पs बा।

भारतीय कोच से बहस करत पाकिस्तानी खिलाड़ी – फोटो : सोशल मीडिया

मैच में भइल विवाद

मैच में पाकिस्तानी खिलाड़ी दबाव के सामना ना कs पावत रहे लो एही बीच ऊ अपन आपा खो बइठल लो आ भारतीय कोच इगोर स्टिमैक से बहस करे लागल लो। दरअसल, भारतीय कोच के लगे जब गेना गइल तs ऊ ओकरा के पाकिस्तानी खिलाड़ी से दूर करत रहस। एतने में पाकिस्तान के अब्दुल्ला इकबाल आपा खो बइठले आ स्टिमैक से बहस करे लगलें। देखते-देखत कइयन गो पाकिस्तानी खिलाड़ी स्टिमैक के घेर लिहल लो। एतने ना खिलाड़ियन के दंगे पाकिस्तान के मुख्य कोच शहजाद अनवर ले भारतीय कोच से बहस करे लगले।

भारतीय कोच स्टिमैक काहे भइलें नाराज

रेफरी कड़ा फैसला लेत भारतीय कोच स्टिमैक के रेड कार्ड दिखा देलें आ उनका के मैच से बाहर कs देलें। स्टिमैक पाकिस्तानी टीम के थ्रो देवे के फैसला से निराश रहस। उनका लागल कि राइट बैक प्रीतम कोटाल फाउल भइल रहस। स्टिमैक के संगे-संगे पाकिस्तान के कोच के दंडित कइल गइल। उनका के यलो कार्ड दिखावल गइल। ई उनका खातिर आखिरी चेतावनी रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-