IND vs ENG : गिल पाकिस्तान के यूसुफ के 19 साल पुरान रिकॉर्ड तुड़लें, 93 साल में अइसन करे वाला पहिला एशियाई बनलें

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय टेस्ट टीम के कप्तान शुभमन गिल सानदार प्रदर्शन करत इंग्लैंड दौरा पs रिकॉर्ड्स के झड़ी लगा देले बाड़ें। उ बिदेसी दौरा पs 700 से जादे रन बनावे वाला दूसरका भारतीय बन गइलें। गिल अच्छा फॉर्म में नजर आ रहल बाड़ें आ मेजबानन पs दबाव बना रहल बाड़ें।

गिल हासिल कइलें बड़ उपलब्धि

मैनचेस्टर टेस्ट के पांचवां दिन गिल बड़ उपलब्धि हासिल कs लेलें। उ बिदेसी दौरा पs 700+ रन बनावे वाला दूसरका भारतीय बन गइलें। एह ममिला में उ सुनील गावस्कर के बराबरी कs लेलें। दिग्गज बल्लेबाज 1971 में वेस्टइंडीज के दौरा पs 774 रन बनवले रहस। अइसने कारनामा उ 1979 में इंग्लैंड दौरा पs कइले रहस। एह सीरीज में उ 732 रन बनवले रहस। अब गिल मवजूदा सीरीज में 700* रन बनाके बड़ रिकॉर्ड बना लेलें। ओवरऑल रिकॉर्ड के बात करीं तs गिल कवनो टेस्ट सीरीज में 700 रन बनावे वाला तीसरका भारतीय हवे। गावस्कर आ उनका अलावा यशस्वी जायसवाल इंग्लैंड टीम के भारतीय दौरा पs 2024 में 712 रन बनवले रहस।

कवनो टेस्ट सीरीज में सबसे जादे रन बनावे वाला भारतीय बल्लेबाज

रन बल्लेबाज सीरीज साल
774 सुनील गावस्कर भारत बनाम वेस्टइंडीज (वेस्टइंडीज दौरा) 1971
732 सुनील गावस्कर भारत बनाम इंग्लैंड (इंग्लैंड दौरा) 1979
712 यशस्वी जायसवाल इंग्लैंड का भारत दौरा 2024
722 शुभमन गिल भारत बनाम इंग्लैंड (इंग्लैंड दौरा) 2025

गिल लगवलें रिकॉर्ड्स के झड़ी

रोहित शर्मा के टेस्ट क्रिकेट से संन्यास के बाद गिल के टेस्ट टीम के कप्तान बनावल गइल। उ एह मवका के भरपूर लाभ उठवलें आ चयनकर्ता के सही साबित कइलें। बल्ला से गिल धमाल मचा रहल बाड़ें। उ इंग्लैंड में कवनो टेस्ट सीरीज में 700 से जादे रन बनावे वाला पहिला एशियाई खिलाड़ी बन गइलें। एकरा पहिले ई रिकॉर्ड पाकिस्तान के ‘रन मशीन’ मोहम्मद यूसुफ के नाम रहे। यूसुफ 2006 में चार मैचन के सात पारियन में 90.14 के औसत से 631 रन बनवले रहस। गिल 19 साल पुराना ई रिकॉर्ड तुड़ देलें।

93 साल में पहिले एशियाई खिलाड़ी

एशियाई देसन में भारतीय टीम इंग्लैंड के दौरा करे वाली पहिला टीम रहे। 1932 में भारत अइसने कइले रहे। एकरा बाद पिछला 93 साल में गिल एशियाई बल्लेबाजन में इंग्लैंड में कवनो एक टेस्ट सीरीज में 700 रन के आंकड़ा पार कs पवलें। एतने ना, शुभमन गिल एक टेस्ट सीरीज 700 से जादे रन बनावे वाला दूसरका भारतीय कप्तान बन गइलें। गिल एगो आउर उपलब्धि हासिल कs लेलें। उ तीसरका अइसन मेहमान कप्तान हवे, जे इंग्लैंड में कवनो टेस्ट सीरीज में 700 से जादे रन बनवलें।

केएल आ गिल बनावल लो बड़ रिकॉर्ड

दूसरका पारी में भारत के सुरुआत झटकन के संगे भइल। यशस्वी जायसवाल आ साई सुदर्शन के क्रिस वोक्स आपन शिकार बनवलें। एकरा बाद मोर्चा केएल राहुल आ शुभमन गिल संभरलें। दुनो के बीच तीसरका विकेट खातिर 421 गेना में 188 रन के साझेदारी भइल। पांचवा दिन बेन स्टोक्स एह साझेदारी के तुड़लें आ केएल के एलबीडब्ल्यू आउट कइलें। उ 230 गेना में आठ चौका के मदद से 90 रन बनाके आउट भइलें। एह तरे केएल राहुल आ शुभमन गिल इंग्लैंड में कवनो भारतीय जोड़ी द्वारा एक टेस्ट में सबसे जादे गेना खेले के रिकॉर्ड बनावल लो। पिछला रिकॉर्ड संजय बांगर आ राहुल द्रविड़ (405) के नाम रहे, जवन उ 2002 में लीड्स में बनवले रहे लो।

Read Also: Share Market: रिलायंस सहित टॉप-10 में से छव कंपनियन के मार्केट वैल्यू में करोड़न के गिरावट, निवेशकन के झटका

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-