IND vs ENG: इंग्लैंड के 350 रन आ भारत के जीत खातिर चाहीं 10 विकेट; अंतिम दिन गेंदबाजन के दिखावे के होई दम

IND vs ENG Test Match: India needs 10 wickets on final day to win

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ इंग्लैंड के बीच पहिला टेस्ट मैच के आज पांचवां दिन के खेल होई। भारत के दूसरका पारी 364 रन पs ऑलआउट आ उ कुल 370 रन के बढ़त हासिल कs के इंग्लैंड के 371 रन के लक्ष्य देले रहे। स्टंप्स तक इंग्लैंड दूसरका पारी में बिना कवनो नुकसान के 21 रन बना लेले बा अब ओकरा पांचवां आ अंतिम दिन 350 रन आउर बनावे के होई। दिन के खेल के समाप्ति तक जैक क्राउली 12 बेन डकेट 9 रन बनाके क्रीज पs मवजूद रहे लो।

भारत के जदि एह मुकाबला में जीत हासिल करे के बा तs ओकरा मंगर के इंग्लैंड के सब 10 विकेट गिरावे के होई। भारत के जसप्रीत बुमराह से बहुते आस रही, जे पहिला पारी में सानदार प्रदर्शन कइले रहे। ओहिजा, इंग्लैंड के जीत हासिल करे खातिर तेजी से रन बनावे के होई। हालांकि, ओकरा लगे काल्ह के पूरा दिन होई।

पंत-राहुल जड़ल लो शतक

भारत के दूसरका पारी 364 रन पs ऑलआउट हो गइल। भारत केएल राहुल आ ऋषभ पंत के शतकन से 370 रन के बढ़त हासिल कइलें आ इंग्लैंड के सोझा 371 रन के लक्ष्य रखलस। भारत खातिर दूसरका पारी में पंत आ राहुल चउथा विकेट खातिर 195 रन के साझेदारी कइलें जवना से टीम इंग्लैंड के सामने चुनौतीपूर्ण लक्ष्य रखे में सफल रहल। हालांकि, पंत आ राहुल के पवेलियन लवटला के बाद भारत के पारी लड़खड़ा गइल आ निचला क्रम के बल्लेबाज प्रभावित ना कs सकल।

केएल राहुल देखवलें संयम

भारत चउथा दिन दु विकेट पs 90 रन से आगे खेलल सुरू कइले रहे, बाकिर टीम सुरुआत में कप्तान शुभमन गिल के विकेट गंवा देलस। एकरा बाद पंत आ राहुल सानदार बल्लेबाजी कइल लाे आ इंग्लैंड के गेंदबाजन के जमके परेसान कइल लो। टी ब्रेक से पहिले भारत पंत के विकेट गंववलस, जे 118 रन बनाके आउट भइल। एकरा बाद राहुल पारी के संभालत रहलें, बाकिर उहो 137 रन बनाके आउट हो गइलें। राहुल के पवेलियन लवटतही भारतीय बल्लेबाज रन बनावे खातिर संघर्ष करे लागल लो।

मात्र 31 रन जोड़ सकल लो आखिरी 6 बैटर्स

जोश टंग अपना एके ओवर में भारत के तीन गो झटका देलें। भारत आपन बाकी छव विकेट 31 रन पर गंवा देलस। अइसने पहिलको पारी में देखे के मिलल रहे जब भारत 41 रन पs आपन अंतिम सात विकेट गंववले रहे। पंत आ राहुल के अलावे करुण नायर 20 आ शार्दुल ठाकुर 4 रन बनवलें, जबकि रवींद्र जडेजा 25 रन बनाके नाबाद लवटलें। मोहम्मद सिराज, जसप्रीत बुमराह आ प्रसिद्ध कृष्णा खाता तक ना खोल सकलें। इंग्लैंड खातिर ब्रायडन कार्स आ टंग तीन-तीन विकेट लिहल लो, जबकि शोएब बशीर के दु विकेट मिलल। ओहिजा, क्रिस वोक्स आ बेन स्टोक्स के एक-एक विकेट मिलल।

Read Also: UP Politics : सपा से निष्कासित मनोज पांडेय जल्दिये दे सकत बाडे़े इस्तीफा, भाजपा से मिलल जिम्मेदारी के भरोसा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-