IND vs CAN : भारत-कनाडा के टी20 में कबो नइखे भइल सामना; जानीं कब, कहां आ कइसे देखीं मैच

Share

बारिश के पूर्वानुमान के बीच भारत आ कनाडा के बीच फ्लोरिडा में सनीचर के टी-20 विश्व कप के ग्रुप-ए के मुकाबला खेलल जाये के बा। भारत के ग्रुप चरण के ई अंतिम मुकाबला होई। भारतीय टीम पहिलही सुपर आठ चरण खातिर क्वालिफाई कs चुकल बिया। लगातार तीन मैच जीत चुकल भारतीय टीम के कोसिस आपन लय बरकरार रखला पs होई, जबकि कनाडा के नजर उलटफेर करे पs टिकल रही। आईं जानल जाव कि फैंस एह मुकाबला के आनंद कहां ले सकी लो …

कब बा भारत आउर कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मुकाबला 15 जून माने सनीचर के खेलल जाई।

कहां खेलल जाई भारत आ कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मैच फ्लोरिडा के सेंट्रल ब्रोवार्ड रीजनल पार्क स्टेडियम में खेलल जाई।

कब सुरू होई भारत आ कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ कनाडा के बीच टी20 विश्व कप 2024 के मुकाबला भारतीय समयानुसार रात आठ बजे से खेलल जाई। टॉस सांझ साढ़े सात बजे होई।

कवन टीवी चैनल पs प्रसारित होई मैच?

स्टार स्पोर्ट्स के लगे टी20 विश्व कप 2024 के प्रसारण के अधिकार बा। अंग्रेजी में लाइव कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स 1 एचडी/एसडी पs आ हिंदी कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स हिंदी एचडी/एसडी पs उपलब्ध होई। स्टार स्पोर्ट्स चैनल हिंदी आ अंग्रेजी के अलावे बंगाली, कन्नड़, तेलुगु आ तमिल सहित आउर भाषा में लाइव कमेंट्री प्रदान करी। ओहिजा, डीडी फ्री डिश इस्तेमाल करे वाला दर्शक डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में भारत के मैचन के अलावे सेमीफाइनल आ फाइनल मुकाबला देख सकी लो।

फोन भा लैपटॉप पs कइसे देख सकत बा लो लाइव मैच?

एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग डिज्नी प्लस हॉटस्टार (Disney+Hotstar) एप पs देखल जा सकत बा। लैपटॉप भा स्मार्ट टीवी पs देखे खातिर पइसा देके सब्सक्रिप्शन लेवे के पड़ी।

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उपकप्तान), शिवम दुबे, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, युजवेंद्र चहल, अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज।

कनाडाः आरोन जॉनसन, रवींद्र पॉल, निकोलस किरटॉन, परगट सिंह, जुनैद सिद्धिकी, नवनीत धालीवाल, रियान पठान, दिलप्रीत बाजवा, साद बिन जफर (कप्तान), श्रेयस मोवा (विकेटकीपर), डिल्लों हेलीगर, जेरेमी गॉर्डन, कलीम सना, निखिल दत्ता, रिशिव रागव जोशी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-