IND vs AUS: आज चली रोहित-कोहली के बल्ला? ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ ICC टूर्नामेंट में दुनो के आंकड़ा डरावे वाला

Anurag Ranjan

स्पाेर्ट्स डेस्क : भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच आज चैंपियंस ट्रॉफी के सेमीफाइनल मुकाबला खेलल जाई। ई मैच दुपहरिया ढाई बजे से दुबई अंतरराष्ट्रीय स्टेडियम में खेलल जाई। भारतीय टीम 2011 के बाद आईसीसी के वनडे टूर्नामेंट के नॉकआउट में कबो कंगारुअन के नइखे हरा पाइल बा। अइसन में रोहित शर्मा एंड कंपनी के सामने मुश्किल चुनौती होई। एह मैच में खुद कप्तान रोहित आ दिग्गज विराट कोहली भारतीय टीम के सबसे बड़ उम्मीद होई लो।

Contents
ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरों के टूर्नामेंटके नॉकआउट में सबसे ज्यादा रन (भारतीय)ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ रोहित लगवलें बाडें तीन अर्धशतकऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरनके टूर्नामेंट में रोहित के प्रदर्शनऑस्ट्रेलिया के खिलाफ नॉकआउट मैचन में रोहित के आंकड़ाऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंटके नॉकआउट में रोहित के पारीऑस्ट्रेलिया के खिलाफ विराट लगवलें चार अर्धशतकऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरनके टूर्नामेंट में विराट का प्रदर्शनऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंटके नॉकआउट में विराट के पारी

एह दुनो के बल्ला चलल तs ऑस्ट्रेलियाई टीम के बैंड बज सकत बा । हालांकि, 19 नवंबर 2023 के ऊ दिन के भूल सकत बा, जब वनडे विश्व कप के फाइनल में दुनो बड़ स्कोर करे में कामयाब ना हो सकल रहे लो आ टीम इंडिया के करारा शिकस्त झेले के पड़ल रहे। भारतीय टीम अगर ओह हार के बदला लेवल चाहत बिया तs रो-को के बल्ला चले के होई। हमनी के रउआ आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट में ऑस्ट्रेलिया से अब तक खेलल गइल मैचन में दुनो के आंकड़ा बता रहल बा…

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरों के टूर्नामेंट
के नॉकआउट में सबसे ज्यादा रन (भारतीय)

खिलाड़ीपारीरनउच्चतम
स्कोर
औसतस्ट्राइक
रेट
10050
सचिन तेंदुलकर423614159.0099.1511
युवराज सिंह42358478.33112.4403
एमएस धोनी31086536.00118.6801
वीरेंद्र सहवाग31068235.3391.3701
राहुल द्रविड़31044834.6667.0900
रोहित शर्मा3894744.50105.9500
विराट कोहली3795426.3372.4701
गौतम गंभीर2745037.0083.1401

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ रोहित लगवलें बाडें तीन अर्धशतक

रोहित आईसीसी के व्हाइट बॉल टूर्नामेंट में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला बेर 2007 टी20 विश्व कप में खेलले रहस। तब ऊ पांच गेना में नाबाद आठ रन के पारी खेलले रहस। एकरा बाद ऊ कंगारुअन के खिलाफ आईसीसी लिमिटेड ओवर टूर्नामेंट में 10 बेर खेल चुकल बाड़ें। एह दौरान ऊ 10 पारियन में 41.87 के औसत आ 124.53 के स्ट्राइक रेट से 335 रन बनवलें बाड़ें। हालांकि, एमे एकाे शतक नइखे। एह दौरान ऊ तीन अर्धशतक जरूर लगवलेद बाड़ें। एक बेर ऊ जीरो पs आउट भइल बाड़ें। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सीमित ओवरन के टूर्नामेंट में रोहित के सर्वश्रेष्ठ स्कोर 92 रन के बा, जवन ऊ पिछला साल टी20 विश्व कप में बनवले रहस। 2010 टी20 विश्व कप में रोहित ब्रिजटाउन में नाबाद 79 रन आ 2019 वनडे विश्व कप में ओवल में 57 रन बना चुकल बाड़ें। 2023 वनडे विश्व कप में रोहित 47 रन के पारी खेलले रहस।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन
के टूर्नामेंट में रोहित के प्रदर्शन

रनगेनाचौकाछक्कास्ट्राइक रेटकइसे आउट
भइलें
मैदानसाल
8*501160.00नॉट आउटडरबन2007
79*4646171.73नॉट आउटब्रिजटाउन2010
120050.00बोल्डकोलंबो (RPS)2012
5310166.66कैचमीरपुर2014
34481270.83बोल्डसिडनी2015
12171070.58बोल्डमोहाली2016
57703181.42कैचद ओवल2019
06000.00एल.बी.डब्ल्यूचेन्नई2023
473143151.61कैचअहमदाबाद2023
924178224.39बोल्डग्रोस आइलट2024

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ नॉकआउट मैचन में रोहित के आंकड़ा

आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट के नॉकआउट में रोहित ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ तीन बेर खेल चुकल बाड़ें। एमे 2007 टी20 विश्व कप सेमीफाइनल, 2015 वनडे विश्व कप सेमीफाइनल आ 2023 वनडे विश्व कप फाइनल सामिल बा। एह तीन मैचन में ऊ नाबाद आठ, 34 रन आ 47 रन के पारी खेलले बाड़ें, माने कुल मिलाके तीन पारियन में 44.50 के औसत से 89 रन बनवले बाड़ें।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट
के नॉकआउट में रोहित के पारी

रनगेनाचौकाछक्कास्ट्राइक रेटकइसे आउट
भइलें
मैदानसाल
8*501160.00नॉट आउटडरबन2007
34481270.83बोल्डसिडनी2015
473143151.61कैचअहमदाबाद2023

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ विराट लगवलें चार अर्धशतक

ओहिजा, बात करीं विराट कोहली के तs ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पहिला बेर व्हाइट बॉल टूर्नामेंट में 2009 चैंपियंस ट्रॉफी में खेलले रहस। हालांकि, ओह मैच में उनकर बल्लेबाजी ना आइल रहे। पहिला बेर ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी टूर्नामेंट में बल्लेबाजी करे 2011 में उतरलें। तब ऊ 38 गेना में 24 रन के पारी खेलले रहस। अभी ले कोहली आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट में कंगारुअन के खिलाफ नव पारी खेल चुकल बाड़ें। एह दौरान ऊ 45.75 के औसत आ 93.12 के स्ट्राइक रेट से 366 रन बनवलें बाड़ें। एमे चार अर्धशतक सामिल बा। टी20 विश्व कप 2024 में कोहली ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खाता ना खोल सकल रहस।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन
के टूर्नामेंट में विराट का प्रदर्शन

रनगेनाचौकाछक्कास्ट्राइक रेटकइसे
आउट
भइलें
मैदानसाल
बैटिंग
ना मिलल
सेनचुरियन2009
24331072.72कैचअहमदाबाद2011
151320115.38कैचकोलंबो (RPS)2012
232221104.54कैचमीरपुर2014
113007.69कैचसिडनी2015
82*5192160.78नॉट आउटमोहाली2016
827742106.49कैचद ओवल2019
851166073.27कैचचेन्नई2023
54634085.71बोल्डअहमदाबाद2023
05000.00कैचग्रोस आइलट2024

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ सीमित ओवरन के टूर्नामेंट में विराट के सर्वश्रेष्ठ स्कोर 85 रन के बा, जवन ऊ अक्तूबर 2023 में चेन्नई में बनवले रहस। एकरा अलावा 2016 टी20 विश्व कप में मोहाली में कोहली कंगारुअन के खिलाफ नाबाद 82 रन के आ 2019 वनडे विश्व कप में ओवल में 82 रन के पारी खेलले रहस। 2023 वनडे विश्व कप के फाइनल में कोहली 54 रन बनवले रहस। आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट के नॉकआउट मैचन में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ कोहली के बल्ला कुछ खास नइखे चलल। ऊ तीन पारियन में 26.33 के औसत से 79 रन बनवले बाड़ें। एमे एगो अर्धशतक सामिल बा।

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ आईसीसी के सीमित ओवरन के टूर्नामेंट
के नॉकआउट में विराट के पारी

रनगेंदचौकेछक्केकैसे आउट
हुए
मैदानसाल
243310कैचअहमदाबाद2011
11300कैचसिडनी2015
546340बोल्डअहमदाबाद2023

Read Also: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ विराट कोहली रच सकेले इतिहास, अइसे करते बन जइहें दुनिया के पहिला बल्लेबाज

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment