दिल्ली में खराब मौसम के चलते 140 से अधिका उड़ान प्रभावित भइल बाड़ी सँ. बरखा अवुरी आंधी के चलते दिल्ली के इंदिरा गांधी हवाई अड्डा से 40 उड़ान रद्द हो गईल बा, जबकि 100 उड़ान में देरी भईल बा। न्यूज एजेंसी एएनआई दिल्ली हवाई अड्डा के सूत्रन के हवाला से कहलस कि एगो फ्लाइट अहमदाबाद आ दू गो फ्लाइट जयपुर खातिर डायवर्ट कs दिहल गइल जबकि अउरी कई गो फ्लाइट रद्द कs दिहल गइल. इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा देश के सभसे बड़ आ व्यस्त हवाई अड्डा हवे जे रोजाना लगभग 1300 उड़ान भरे ला।
दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs बियफे के सबेरे ठनका आ तेज हवा के चलते उड़ान परिचालन प्रभावित भइल अधिकारी बतवले. एयरपोर्ट चलावे वाली कंपनी दिल्ली इंटरनेशनल एयरपोर्ट लिमिटेड के कहल बा कि खराब मौसम के चलते कुछ उड़ान प्रभावित भइल बा. कंपनी सबेरे 5.20 बजे एक्स पs एगो पोस्ट में लिखले बा कि, हमनी के ऑन ग्राउंड टीम सभ हितधारक के संगे मिलजुल के काम करतिया ताकि यात्री के निर्बाध अवुरी कुशल अनुभव सुनिश्चित कईल जा सके।
Passenger Advisory issued at 08:20 Hrs@IndiGo6E @flyspicejet @airindia#DelhiAirport #PassengerAdvisory pic.twitter.com/nR9dpxmnKp
— Delhi Airport (@DelhiAirport) May 2, 2025
एयरलाइंस भी जानकारी दिहलस
एयर इंडिया इहो कहलस कि प्रतिकूल मौसम के चलते उत्तर भारत के कुछ हिस्सा में उड़ान परिचालन प्रभावित भईल बा। एयरलाइन सबेरे 5.51 बजे एक्स पs पोस्ट कईलस कि, “दिल्ली आवे जाए वाला हमनी के कुछ उड़ान में देरी होखता चाहे फेर से रास्ता बदलल जाता, जवना से हमनी के समग्र उड़ान कार्यक्रम पs असर पड़े के संभावना बा। हमनी के पूरा कोशिश बा कि कम से कम रुकावट होखे।” स्पाइसजेट एs संदेश पs लिखले बा कि, “दिल्ली के खराब मौसम के चलते सभ उड़ान प्रभावित हो सकता। यात्री से निहोरा बा कि उs लोग अपना उड़ान के स्थिति के जांच करस।”
#WeatherUpdate: Due to bad weather in Delhi (DEL), all departures/arrivals and their consequential flights may get affected. Passengers are requested to keep a check on their flight status via https://t.co/2wynECYWr0.
— SpiceJet (@flyspicejet) May 2, 2025
शुरुआती देरी के बाद हालात सामान्य हो गईल
दिल्ली हवाई अड्डा सबेरे 8.20 बजे एक्स पs लिखले बा कि, “भारत के मौसम विभाग के ओर से सबेरे जारी सलाह के बाद हमनी के पुष्टि कईल चाहतानी कि प्रतिकूल मौसम के चलते उड़ान परिचालन पs कुछ असर पड़ला के बावजूद एयरपोर्ट पs उड़ान संचालन सामान्य बा। हमनी के जमीनी टीम सभ हितधारक के संगे मिलजुल के काम करतिया ताकि यात्री के निर्बाध अवुरी कुशल अनुभव सुनिश्चित कईल जा सके।” ताजा उड़ान अपडेट खातिर संबंधित एयरलाइंस के बारे में बतावल गईल बा।”
#TravelAdvisory
— Air India (@airindia) May 2, 2025
Thunderstorms and gusty winds have affected flight operations in parts of Northern India. Some of our flights to and from Delhi are being delayed, which is likely to impact our overall flight schedule. We are doing our best to minimise disruptions.
We advise our…
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा