गैस लीक होले से घर में भइल भीषण धमाका, 6 लोग झुलसले

गैस लीक होले से घर में भइल भीषण धमाका

Share

गुजरात के सूरत से एगो चौंकावे वाला मामला सामने आईल बा। इहाँ गैस रिसाव के चलते एगो घर में भारी विस्फोट भईल, जवना में एकही परिवार के 5 लोग जरि गईले। धमाका एतना तेज रहे कि चउथा मंजिल के वाशरूम में एगो आदमी बईठल रहे, बाकिर विस्फोट के चलते दीवार टूट गईल अवुरी उs तीसरा मंजिल पs गिर गईल। 

आजु सबेरे सूरत में आग लगला से एके परिवार के पांच लोग आ ऊपरी मंजिल पs रहे वाला एगो आदमी जर गइल. धमाका एतना तेज रहे कि वाशरूम अवुरी घर के स्लैब भी टूट गईल। एकरा चलते ऊपरी मंजिल पs वाशरूम में बईठल आदमी गिर गईल। घटना के जानकारी मिलते दमकल विभाग के टीम मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लिहलस। सभे घाही के इलाज खातीर सूरत सरकारी अस्पताल अवुरी बाद में निजी अस्पताल पहुंचावल गईल।

सूरत के पुना फायर स्टेशन के प्रभारी भूपेंद्र सिंह राज बतवले कि घर में राखल गैस के बोतल लीक होखे के चलते आग लाग गईल। सबेरे हरिकृष्ण सोसायटी के तीसरा मंजिल पs बनल घर के भीतर गैस रिसाव हो गईल। इs हादसा तब भईल जब घर के एगो सदस्य बत्ती जरा देलस। हो सकेला कि ई दुर्घटना लाइट जलइले होखे आ माचिस जलवले के चलते भइल होखे. बोतल के पाइप से गैस रिसाव के चलते इs पूरा घर में फैल गईल। घर के सभ सदस्य (3 बच्चा अवुरी माता-पिता) अवुरी चउथा मंजिल पs वाशरूम में बईठल आदमी घाही हो गईल बाड़े।

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: हाइट बढ़वले में असरदार बा इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल लंबाई

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-