LIVE: अग्निपथ के विरोध में आज बिहार बंद, AAP के  प्रदर्शन का ऐलान

Anurag Ranjan

Bihar Bandh against Agneepath Scheme: बिहार में अग्निपथ स्कीम के विरोध में आज बंद बुलावल गइल बा। लालू प्रसाद यादव के पार्टी आरजेडी के ओर से एह बंद के आह्वान कइल गइल बा, जेमे मुकेश सहनी के पार्टी वीआईपी आ जीतनराम मांझी के दल ‘हम’ सपोर्ट कइले बा। एह बीच एहतियात के तौर पs बिहार के ज्यादातर जिलन में मोबाइल इंटरनेट के बंद कs दिहल गइल बा ताकि अफवाहन के रोकल जा सके। अग्निपथ स्कीम के विरोध के आज चउथा दिन हs आ लगातार उत्तर प्रदेश, झारखंड, मध्य प्रदेश, राजस्थान आ हरियाणा समेत कई राज्यन में विरोध जारी बा।

अब एह विरोध में राजनीतिक दलन के उतरला से एकर व्यापकता आउर बढ़े के संभावना बा। सुक के बिहार में कई स्थानन पs प्रदर्शनकारी ट्रेनन के फूंक देले रहले सs। एकरा अलावे यूपी के बलिया में एगो ट्रेन के कुछ बोगियन के जला दिहल गइल रहे। ओहिजा तेलंगाना के सिकंदराबाद रेलवे स्टेशन पs तs उपद्रवियन से निपटे खातिर पुलिस के फायरिंग करे के पड़ल रहे आ एमे एगो शख्स के मौत हो गइल रहे।

साभार: हिंदुस्तान

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।