Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2022

बिहार: अग्निपथ स्कीम के विरोध में बिहार बंद आज, 15 से जादे जिलन में इंटरनेट पs रोक। जहानाबाद में ट्रक फूंकल गइल। बिहार: बंद के ऐलान के बाद चप्पा-चप्पा पs पुलिस के तैनाती, अलर्ट पs

Share

  1. बिहार: अग्निपथ स्कीम के विरोध में बिहार बंद आज, 15 से जादे जिलन में इंटरनेट पs रोक। जहानाबाद में ट्रक फूंकल गइल।
  2. बिहार: बंद के ऐलान के बाद चप्पा-चप्पा पs पुलिस के तैनाती, अलर्ट पs रही अर्धसैनिक बल के पांच कंपनी।
  3. उत्तर प्रदेश: आज दुपहर दु बजे जारी होई यूपी बोर्ड के रिजल्ट, हाईस्कूल आ इंटरमीडिएट के रिजल्ट खातिर छात्रन के इंतेजार होई खतम।
  4. उत्तर प्रदेश: नूपुर शर्मा टिप्पणी विवाद- अरोपियन से नुकसान के लागत वसूली UP सरकार।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन कहले, SC-ST कैदियन के मामलन के जांच होखे।
  6. मां के जन्मदिन पs मिले पहुंचलें पीएम मोदी: मां के गोड़ धोवले, फेर पानी आंख से लगवले, मां के शॉल ओढ़ाके पूजा कइलें।
  7. फ्यूल बेचल बंद नइखे कर सकत पेट्रोल पंप, नियम ना मानला पs लाइसेंस होई केंसिल।
  8. पीएम मोदी बड़ोदरा के लगे बने वाला गुजरात सेंट्रल यूनिवर्सिटी के कैंपस के आधारशिला रखिहें।
  9. कश्मीर के पंपोर में पुलिस सब इंस्पेक्टर के गोलियन से छ्लनी शव मिलल, तफ्तीश जारी।
  10. क्रिकेट: यंगिस्तान के फाइट बैक- चउथा टी-20 में साउथ अफ्रीका के 82 रन से हरवलस, आवेश खान झटकले 4 विकेट, कार्तिक के टी-20 में पहिला फिफ्टी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.