महाराजगंज के निचलौल थाना क्षेत्र के खोन्हाली गांव में छोट भाई 50 रुपिया के मामला के लेके बड़ भाई पs हमला कईले। बतावल जाता कि खीस में छोट भाई अपना भाई के माथा अवुरी गर्दन पs तेज हथियार से हमला कs देलस। युवक के हालत गंभीर बनल बा। हमला के बाद आरोपी छोट भाई मौका से फरार हो गईल। घाही युवक के सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र निचलौल में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज चलता।
Post Views: 65