जूस में पेशाब मिला के ग्राहकन के पिआवत रहे दुकानदार, लोग जम के पीटले 

Gaziabad news

Share

शुक के सांझि के गाजियाबाद जिला के बॉर्डर थाना क्षेत्र के इंद्रपुरी कॉलोनी में कुछ लोग एगो जूस के दोकान पs पेशाब में मिला के बेचे के आरोप लगवले। जानकारी मिलला के बाद लोग खिसिया गइले। मौका पs लोग जुट गइले। सूचना मिलला के बाद पुलिस जब मौका पs पहुंचल तऽ एगो बोतल से पेशाब बरामद भइल। पुलिस एगो नाबालिग समेत दू गो के पकड़ लिहलस। ए मामला में रिपोर्ट दर्ज करावल जाता आ जांच जारी बा।

जानकारी के मुताबिक लोनी बॉर्डर थाना क्षेत्र के इंद्रपुरी कॉलोनी में खुशी जूस कॉर्नर नांव के एगो दोकान बा। शुक के सांझ के दोकान के बहरी भारी संख्या में लोग जमा हो गइले। उऽ दोकानदार आ ओकर नाबालिग कर्मचारी पs पेशाब मिला के जूस बेचे के आरोप लगवले।

मौका से पुलिस पेशाब बरामद कइले बिया

एह से जनता में बहुत नाराजगी पैदा हो गइल। लोग हंगामा मचवले आ दुनु जने के पकड़ लिहले। सूचना लोनी बॉर्डर थाना के दिहल गइल। जब पुलिस मौका पs पहुंचल तऽ दोकान से बोतल में राखल पेशाब बरामद भइल। पुलिस नाबालिग समेत दुनु जने के पकड़ लिहलस। एह मामला में पुलिस के ओर से रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा।

आरोपी एकर कारण बतवलस

पुलिस पूछताछ के दौरान आरोपी बतवले कि दोकान में आ आसपास पेशाब करे खातिर कवनो जगह नइखे। ओकरा खातिर दूर जाए के पड़ेला। एही से उऽ बोतल में पेशाब करत रहले। एह घटना के वीडियो इंटरनेट मीडिया पर खूब प्रसारित हो रहल बा। लोग आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के मांग करतारे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-