निःशुल्क स्वास्थ जोग शिविर में 11,000 भुजंगासन आ हनुमान आरती कs में मनावल गइल हनुमान जयंती

Share

गोरखपुर: गुरु गोरक्षनाथ के तपोभूमि गोरखपुर में पिछला छव महीना से ओम फिटनेस योग द्वारा चलावल जा रहल अलग-अलग जगहन पs निःशुल्क स्वास्थ योग शिविर हनुमान जयंती चैत्र पूर्णिमा पs सब साधक लोग योग के अलग-अलग गतिविधियन के करत 11,000 भुजंगासन कs के समस्त देसवासियन के योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति अपना टीम के संगे जन्मोत्सव मनाके सन्देश प्रेषित कइलें।

योगाचार्य धर्मेन्द्र प्रजापति सब साधकन आ देसवासियन के बधाई देत कहलें कि निरन्तर योग प्राणायाम कइला से हनुमान जइसन अदम्य वीर साहस के सा अष्ट सिद्धियों व नव निधियों की प्राप्ति सम्भव होई।

योगाभ्यास पश्चात योग शिविर में आइल योग प्रेमी लोग हनुमान चालीसा के पाठ करत आरती कs के रामभक्त श्री हनुमान के जयजयकार लगावल आ सब योग साधकन द्वारा ले आवल गइल परसाद के सब तरे वितरित कइल गइल।

योगाभ्यास दौरान योग आयुर्वेद नारी सशक्तिकरण अभियान के प्रभारी ब्यास चौरासिया, मुकेश साहनी, सरिता देवी, नीलू यादव, राधा कृष्णा, अशोक, रोहित, निखिल, तारा, कंचन, रूबी, सरस्वती, नीतू, सरिता, बेबी, राजेश, सरिता इत्यादि सइयन नारी शक्ति योग कs के हनुमान जयंती के बधाई अर्पित कइल लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-