गहिला में गाजा बाजा के संगे भइल मां काली के मूर्ति स्थापना

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2023

गहिला (बरहज)|अखिलेश सिंह: बरहज क्षेत्र के गहिला में सौ साल पुरान काली जी के मन्दिर में मूर्ति के स्थापना पूरा गाजा बाजा के साथे कइल गइल। कथा आरती के संगे मूर्ति स्थापित भइल। पहिला बेर

Share

गहिला (बरहज)|अखिलेश सिंह: बरहज क्षेत्र के गहिला में सौ साल पुरान काली जी के मन्दिर में मूर्ति के स्थापना पूरा गाजा बाजा के साथे कइल गइल। कथा आरती के संगे मूर्ति स्थापित भइल। पहिला बेर एकर कायाकल्प 2011 में ओह समय के वर्तमान प्रधान गेनावत देवी आ उनकर प्रतिनिधि शिवकुमार प्रसाद के द्वारा कइल गइल रहेे। गांव के छठ पूजा इहवें होखला से छठ में भारी भीड़ होला।

ग्रामीणन के कहनाम बा कि मां काली हमनी के गांव के सुरक्षा हर तरे से करेली आ सब केहू के मानोकामना के पूरा करेली। आज एह मंदिर में कंपोजिट विद्यालय के प्रधानाचार्या सुशीला देवी पत्नी अशोक कुमार के द्वारा मंदिर में मूर्ति के स्थापना कइल गइल। एहमें गांव के लईका, महिला आ बुजुर्ग लोग बढ़ चढ़ के सहजोग कइल। पण्डित दिवाकर नाथ तिवारी सुशीला देवी सहित उपस्थित सब ग्रामवासियन के धन्यवाद देलें।

प्रधानाचार्या सुशीला देवी बतवली कि जब हमार बियाह भइल तब से हम इहां पूजा करे आवेनी, माता हमार हर मनोकामना पूरा करेली। सब ग्रामीणन पs इनकर कृपा हमेशा बनल रहेला, एक दिन हमरा मन में विचार आइल कि एहु मन्दिर में मूर्ति स्थापित होखे के चाहीं। हम अपना पति से कहनी आ ऊ साथ दिहलें आ आज निर्विघ्न मंदिर के स्थापना भइल। इहां आइल सब लोगन के हम आभारी बानी।

एह स्थापना में स्वेता देवी, अशोक कुमार, विजयशक्ति कुशवाहा, कमलावती देवी, सावित्री देवी, शत्रुधन कुशवाहा, शिवकुमार प्रसाद, रामसकल प्रसाद, जलंधर खरवार, जितेन्द्र कुशवाहा, आर्यव्रत शिवम,शुभम, अरुण सिंह, श्रीकान्त खरवार, लक्ष्मीना देवी, उषा देवी(पूर्व प्रधान), सरिता देवी, सपना भारती, किरन खरवार, लीलावती देवी, इंद्रावती देवी, मुन्नी देवी, काजल, साधना, राजन, अंकिता खरवार, रीना देवी आदि मवजूद रहे लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.