सिस्टम के साथे छेड़छाड़ करे वाला डॉक्टर बन गइल तऽ…’, NEET परीक्षा मामला में SC जाहिर कइलस चिंता; NTA से मंगलस जवाब

Suprime court

Share

सिस्टम के साथे छेड़छाड़ करे वाला डॉक्टर बन गइल तऽ…’, NEET परीक्षा मामला में SC जाहिर कइलस चिंता; NTA से मंगलस जवाब

नीट-यूजी 2024 परीक्षा में भइल गड़बड़ी के शिकायत पs सुप्रीम कोर्ट में आज सुनवाई भइल। सुनवाई के दौरान कोर्ट कहलस कि जदि केहू के ओर से 0.001 प्रतिशत लापरवाही भइल बा तऽ एकरा के पूरा तरह निपटा देवे के चाहीं। ओहिजा कोर्ट छात्रन के लेके चिंता जाहिर कइलस। उहे सुप्रीम कोर्ट में अब एह मामले पs अगिला सुनवाई 8 जुलाई के होई।

नीट-यूजी पेपर लीक मामला में आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल। याचिकाकर्ता दलील देले बाड़े कि परीक्षा में धांधली भइल बा, एहिसे परीक्षा के जांच होखे। एकरा से पहिले सर्वोच्च न्यायालय एनटीए (NTA) के नोटिस जारी कऽ के 8 जुलाई ले जवाब मंगले रहे।

उहे, सुनवाई के दौरान आजो कोर्ट केंद्र सरकार आ एनटीए के नोटिस जारी कऽ के धांधली के मामला में जवाब मंगले बा। कोर्ट कहले बा , ” जदि केहू के ओर से 0.001 प्रतिशत लापरवाही भइल बा तऽ एकरा से पूरा तरे निपटावल जाए के चाहीं।”

कोर्ट एनटीए छात्रन के लेकर जतवलस चिंता

सुप्रीम कोर्ट आगे कहलस कि बच्चन के मेहनत के भूलाइल नइखे जा सकत। उहे, सुनवाई के दौरान सुप्रीम कोर्ट मौखिक तौर पs एनटीए के कहलस,”कल्पना करीं कि सिस्टम के साथे धोखाधड़ी करे वाला व्यक्ति डॉक्टर बन जाता, तऽ उऽ समाज खातिर कतना ज्यादा हानिकारक होई। सुप्रीम कोर्ट कहलस कि एह मामला पs अगिला सुनवाई अब 8 जुलाई के होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-