ट्विटर के अधिग्रहण के बाद से लगातार रोज नयका खबर मीडिया में फइलल बा। नयका मालिक एलन मस्क पहिले सब यूजर के ब्लू टिक दिहल गइले के घोषणा कइलें। एकरे खातिर यूजर लोग के हर महीना 8 डॉलर चुकावे के होई। यानी भारतीय रुपया में करीब 650 रुपया के भुगतान करे के होई।
ट्विटर ब्लू टिक के सब्सक्रिप्शन सर्विस 5 देश अमेरिका, ब्रिटेन, कनाडा, ऑस्ट्रेलिया अउर न्यूजीलैंड में iOS यूजर्स ख़ातिर शुरू हो गइल बा। आवे वाले दिन में ई सर्विस भारत समेत कुछ देशन में शुरू होखे वाला बा। अइसे में ऑफिशियल, राजनेता, पत्रकार अउर मीडिया हाउस के अकाउंट्स के अलगे करे खातिर ट्विटर ‘ग्रे’ टिक देहले के तैयारी शुरू कs देहले बा।
बता देईं कि वेरिफाइड यूजर्स के पुष्टि करने वाला “ब्लू टिक” अब सिर्फ ओही लोग खातिर होई जे 8 डॉलर के मासिक शुल्क के भुगतान करी। प्लेटफ़ॉर्म के वर्तमान सत्यापन प्रणाली 2009 से लागू बा अउर ई सुनिश्चित करे खातिर एगो टीम बनावल गइल बा। ई टीम वेरिफाइड रिक्वेस्ट के चेक करत रहे।
ग्रे टिक से होई ऑफिशियल अकाउंट के पहचान
हाल ही में कंपनी के प्रोडक्ट मैनेजमेंट डिपार्टमेंट के निदेशक एस्थर क्रॉफर्ड एगो स्क्रीनशॉट शेयर कइले बानें। एह स्क्रीनशॉट में ट्विटर के ऑफिशियल अकाउंट पर ग्रे टिक दिखाई दे रहल बा। एकरे साथही यूजर के अकाउंट के नीचे ऑफिशियल अकाउंट लिखल दिखाई दे रहल बा। हालांकि एहमें ट्विटर के नियमित ब्लू चेकमार्क भी दिखाई दे रहल बा।
ग्रे टिक के कीन नाइ पइहें यूजर्स
एस्टर ई साफ कहलें कि ई ऑफिशियल ग्रे लेबल पहिले से वेरिफाइड सब अकाउंट्स के नाइ मिली अउर ई लेबल खरीदे खातिर भी उपलब्ध नाइ होई। एह लेबल के सरकारी अकाउंट्स, कमर्शियल कंपनी, बिजनेस पार्टनर, मेजर मीडिया आउटलेट्स, पब्लिशर्स अउर कुछ पब्लिक फिगर के दिहल जाई।